UP: यूपी के 22 पीसीएस के आईएएस काडर में पदोन्नति, नियुक्ति विभाग जारी कइलस आदेस

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2025

लखनऊ। उत्तर प्रदेश के 22 पीसीएस अधिकारियन के भारतीय प्रशासनिक सेवा (आईएएस) काडर में पदोन्नति दे दिहल गइल बा। केंद्रीय कार्मिक आ प्रशिक्षण विभाग के अधिसूचना के क्रम में एह संबंध में उत्तर प्रदेश के

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश के 22 पीसीएस अधिकारियन के भारतीय प्रशासनिक सेवा (आईएएस) काडर में पदोन्नति दे दिहल गइल बा। केंद्रीय कार्मिक आ प्रशिक्षण विभाग के अधिसूचना के क्रम में एह संबंध में उत्तर प्रदेश के नियुक्ति विभाग आदेस जारी कs देले बा।

जारी आदेस के अनुसार, सहारनपुर के अपर आयुक्त भानु प्रताप यादव, यूपीएसएसएससी के परीक्षा नियंत्रक विधान जायसवाल, गाजियाबाद विकास प्राधिकरण के सचिव राजेश कुमार सिंह, सिद्धार्थनगर के सीडीओ बलराम सिंह, यीडा के विशेष कार्याधिकारी शैलेंद्र कुमार भाटिया, यूपीपीएससी के उप सचिव देवी प्रसाद पाल, मुरादाबाद विकास प्राधिकरण के सचिव अंजू लता, दिव्यांगजन सशक्तीकरण निदेशालय के संयुक्त निदेशक जयनाथ यादव, अपर निदेशक (प्रशासन) कृषि आ अपर मेला अधिकारी कुंभ मेला दयानंद प्रसाद के पदोन्नति दिहल गइल बा।

एही तरे से यूपीपीएससी के उप सचिव विनोद कुमार गौड़ आ विवेक कुमार श्रीवास्तव, संयुक्त निदेशक मंडी परिषद सचिन कुमार सिंह, अपर जिलाधिकारी वित्त आ राजस्व हाथरस बसंत अग्रवाल, अपर जिलाधिकारी वित्त आ राजस्व वाराणसी वंदिता श्रीवास्तव, अपर जिलाधिकारी वित्त आ राजस्व अयोध्या महेंद्र कुमार सिंह, अपर जिलाधिकारी प्रशासन बिजनौर विनय कुमार सिंह, अपर जिलाधिकारी प्रशासन मुरादाबाद गुलाब चंद्र, सदस्य वक्फ न्याायधिकरण लखनऊ राम सुरेश वर्मा, अपर जिलाधिकारी प्रशासन गाजियाबाद रण विजय सिंह, अपर जिलाधिकारी (भूमि अध्याप्ति) गौतमबुद्धनगर राजेश कुमार, उप निदेशक मंडी योगेंद्र कुमार आ अपर निदेशक चिकित्सा शिक्षा निदेशालय नीलम के आईएएस काडर में पदोन्नति दे दिहल गइल बा। एह सब अधिकारियन के भारतीय प्रशासनिक सेवा के वरिष्ठ वेतनमान में तत्काल कार्यभार ग्रहण करे खातिर कहल गइल बा।

Read Also: UP: यूपी के 22 पीसीएस को आईएएस काडर में पदोन्नति, नियुक्ति विभाग ने जारी किया आदेश

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.