गोरखपुर। गोरखपुर-फैजाबाद खंड शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र में वोटिंग सबेरे आठ बजे से शुरू हो गइल बा। शुक्रवार के साँझ ले प्रत्याशियन के किस्मत बैलेट बॉक्स में बंद हो जाई। गोरखपुर के 18 बूथ समेत पूरा निर्वाचन क्षेत्र के 17 जिला में बनल 200 बूथ पर सबेरे आठ बजे से साँझ चार बजे ले कड़ा सुरक्षा व्यवस्था के बीच मतदान होई।
एह चुनाव में कुल 54,303 शिक्षक मतदाता आपन मताधिकार के इस्तेमाल करीहें। जिला में बियफे के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के वाणिज्य संकाय परिसर से 18 पोलिंग पार्टी के रवाना कइल गइल। बूथन पर निगरानी खातिर सेक्टर आ जोनल मजिस्ट्रेट के अलावा बड़हन संख्या में पुलिस बल तैनात कइल गइल बा।
मतपत्र से होई मतदान, गोपनीयता प जोर
शिक्षक एमएलसी चुनाव में इलेक्ट्रॉनिक वोटिंग मशीन (ईवीएम) के बजाय मतपत्र आ मतपेटिका के माध्यम से मतदान करावल जाई। मतदान शुरू होखे से पहिले तय प्रक्रिया के तहत मतपेटिका के जाँच आ बाकी औपचारिकता पूरा कइल जाई। मतदान खतम होखला के बाद मतपत्र आ चुनाव से जुड़ल दस्तावेजन के तय प्रक्रिया के मुताबिक दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के वाणिज्य संकाय में बनल स्ट्रांग रूम में रखल जाई।
आठ किलोमीटर के दायरा में शराब के दुकान बंद
गोरखपुर। शिक्षक एमएलसी चुनाव के निष्पक्ष आ शांति से करावे खातिर डीएम दीपक मीणा मतदान आ मतगणना स्थल के आठ किलोमीटर के दायरा में शराब के दुकान आ बार बंद रखे के आदेश दिहले बाड़न। गोरखपुर विश्वविद्यालय के वाणिज्य भवन में बनल मतगणना स्थल के आसपास ई प्रतिबंध लागू रही। 23 अक्टूबर के मतदान खतम होखे तक आ 27 अक्टूबर के मतगणना पूरा होखे तक देसी-विदेशी शराब, बीयर, कंपोजिट आ मॉडल शॉप, ताड़ी-भांग के दुकानन के साथे होटल, क्लब आ रेस्टोरेंट बार भी बंद रही।
मतपत्र पर साफ-साफ प्राथमिकता ना लिखला पर वोट अवैध हो जाई
शिक्षक एमएलसी चुनाव में मतदान मतपत्र के माध्यम से होला। मतदाता के प्रत्याशी के नाम के सामने आपन पसंद के हिसाब से प्राथमिकता लिखे के होला। पहिला पसंद के प्रत्याशी के सामने ‘1’, दूसरा पसंद के सामने ‘2’ आ एही तरह आगे के पसंद दर्ज कइल जा सकेला। एह खातिर निर्वाचन आयोग के ओर से दिहल कलम के ही इस्तेमाल करे के होला। निर्देश के पालन ना कइला पर मतपत्र अवैध हो सकेला।
आजमगढ़ आ गोरखपुर में सबसे जादे मतदाता
गोरखपुर-फैजाबाद खंड शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के तहत आवे वाला 17 जिला में कुल 54,910 मतदाता बाड़ें। एहमें सबसे जादे मतदाता आजमगढ़ में 8,592 आ गोरखपुर में 7,289 बाड़ें।
एही तरह बहराइच में 1,636, गोंडा में 2,805, बस्ती में 2,045, सिद्धार्थनगर में 2,787, महराजगंज में 3,572, देवरिया में 4,278, मऊ में 5,131, सुल्तानपुर में 2,679, अमेठी में 1,099, अयोध्या में 3,084, कुशीनगर में 3,496, आंबेडकरनगर में 2,891, श्रावस्ती में 1,004, बलरामपुर में 982 आ संतकबीरनगर में 1,540 मतदाता बाड़ें।
एह 16 प्रत्याशियन के बीच होई मुकाबला
चुनाव के मैदान में 16 प्रत्याशी बाड़ें। एही सभे के बीच मुकाबला होई। एहमें भाजपा के ध्रुव त्रिपाठी, सपा के डा. संजयन त्रिपाठी, उत्तर प्रदेश माध्यमिक वित्तविहीन शिक्षक महासभा के अजय सिंह, उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षक संघ (चेतनारायण गुट) के डा. राकेश सिंह, उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षक संघ (एकजुट) के राजीव यादव, सत्यपाल सिंह, डा. शरदेंदु कुमार त्रिपाठी, निरंकार राम त्रिपाठी, अजीत कुमार सिंह, देव भास्कर तिवारी, राजेश पांडेय, शिव श्याम यादव, दिनेश कुमार मिश्र, पंकज कुमार, राकेश कुमार तिवारी आ राम प्रताप राम चुनावी मैदान में बाड़ें।
चुनाव खातिर नगर निगम में बनावल गइल मतदान बूथ
डीएवी इंटर कॉलेज, दीवान बाजार, अभय नंदन इंटर कॉलेज, भेड़ियागढ़, रफी अहमद किदवई इंटर कॉलेज, पड़हा (मोहद्दीपुर), दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, डीएवी डिग्री कॉलेज, नसीराबाद, राजकीय जुबिली इंटर कॉलेज आ तुलसीराम इंटर कॉलेज, रायगंज में मतदान के व्यवस्था कइल गइल बा।
READ MORE :छठ आ दिवाली पर घरे लवटे के बनल चुनौती, ट्रेन सभ फुल; महंग बस-टैक्सी के अलावा का बा दोसर रास्ता?
ग्रामीण इलाका के मतदान बूथ
बापू इंटर कॉलेज, पीपीगंज आ क्षेत्र पंचायत कार्यालय, कैंपियरगंज, पंचायत कार्यालय, चरगावां आ पिपराइच, तहसील कार्यालय चौरीचौरा, क्षेत्र पंचायत कार्यालय सहजनवा आ खजनी, क्षेत्र पंचायत कार्यालय उरुवा, तहसील कार्यालय बांसगांव, क्षेत्र पंचायत कार्यालय गगहा आ गोला में मतदान होई।






No comments yet. Be the first to comment!