Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

RR vs LSG: लखनऊ आईपीएल में टोटल डिफेंड करत नउवां मैच जीतल, राजस्थान के 10 रन से हरवलस 

RR vs LSG Indian Premier League 2023: आवेश खान आखिरी ओवर में दु विकेट झटकलें। ऊ ओवर के तीसरका गेना पs देवदत्त पडिक्कल आ चउथा गेना पs ध्रुव जुरेल के विकेट लेलस। एकरा पहिले ऊ शिमरोन हेटमायर के विकेट लेले रहस। आवेश कुल मिलाके तीन विकेट झटकलें।

2,622

आईपीएल 2023 के 26वां मैच में लखनऊ सुपर जाएंट्स कम स्कोर के बावजूद राजस्थान रॉयल्स के 10 रन से हरा देलस। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत लखनऊ 20 ओवर में सात विकेट गंवाके 154 रन बनवले रहे। काइल मेयर्स 42 गेना में 51 रन के पारी खेलले रहस। एकरा अलावे कप्तान केएल राहुल 39 रन बनवलें।

जवाब में एक समय राजस्थान के टीम एक विकेट गंवाके 87 रन बना लेले रहे। हालांकि, एकरा बाद नियमित अंतराल पs विकेट गिरत रहल आ टीम 20 ओवर में छव विकेट गंवाके 144 रन बना सकल। यशस्वी जायसवाल सबसे जादे 44 रन बनवलें। ओहिजा, जोस बटलर 40 रन के पारी खेललें। लखनऊ आईपीएल में अब तक 11 बेर टोटल डिफेंड करे उतरल बिया। ओमे 9 बेर टीम जीत हासिल कइलें बिया, जबकि खाली दु मैच में टीम हारल बिया। जयपुर में पिछला सात मैचन में बाद में बैटिंग करे वाला टीम छव मैच जीतले बाड़ी सs। लखनऊ पहिला बेर पहिले बैटिंग करत मैच जीतलस।

आवेश खान आखिरी ओवर में दु विकेट झटकलें। ऊ ओवर के तीसरका गेना पs देवदत्त पडिक्कल आ चउथा गेना पs ध्रुव जुरेल के विकेट लेलस। एकरा पहिले ऊ शिमरोन हेटमायर के विकेट लेले रहस। आवेश कुल मिलाके तीन विकेट झटकलें।हालांकि, प्लेयर ऑफ द मैच अवॉर्ड मार्कस स्टोइनिस के दिहल गइल। ऊ दु विकेट लेला के संगही 21 रन बनवलें रहस।

लखनऊ के पारी

टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत केएल राहुल आ काइल मेयर्स लखनऊ के धीमा सुरुआत दिलावल लो। सात ओवर में दुनो खेलाड़ी 43 रन जोड़ले रहे लो। एकरा बाद दुनो लोग गियर बदलस आ अगिला दु ओवर में 31 रन बनावल। हालांकि, एही रन रेट के बढ़ावे के चक्कर में कप्तान राहुल 11वां ओवर में जेसन होल्डर के गेना पs जोस बटलर के कैच थमा बइठलें। राहुल 32 गेना में चार चौका आ एगो छक्का के मदद से 39 रन के पारी खेललें। ओहिजा, आयुष बदोनी एक रन आ बर्थडे बॉय दीपक हुड्डा दु रन बनाके आउट भइलें।

काइल मेयर्स आईपीएल 2023 में आपन तीसरका अर्धशतक लगवलें। हालांकि, अर्धशतक लगवला के तुरंत बाद ऊ आउट हो गइलें। 14वां ओवर में अश्विन दीपक हुड्डा आ मेयर्स दुनो के आउट कइलें। मेयर्स के अश्विन क्लीन बोल्ड कइलें। ऊ 42 गेना में चार चौका आ तीन छक्का के मदद से 51 रन बनाके आउट भइलें आ मार्कस स्टोइनिस 16 गेना में 21 रन बनाके आउट भइलें।

ओहिजा, आखिरी ओवर में निकोलस पूरन आ युधवीर सिंह चरक रन आउट भइल लो। पूरन 20 गेना में 28 रन आ युधवीर एक रन बनाके आउट भइलें। क्रुणाल पांड्या चार रन बनाके नाबाद रहलें। राजस्थान के ओर से अश्विन सबसे जादा दु विकेट लेलें। ओहिजा, ट्रेंट बोल्ट, संदीप शर्मा आ जेसन होल्डर के एक-एक विकेट मिलल।

राजस्थान के पारी

155 रन के लक्ष्य के पीछा करत राजस्थान के सुरुआत सानदार रहल रहे। यशस्वी जायसवाल आ जोस बटलर पहिला विकेट खातिर 87 रन के साझेदारी निभावल लो। हालांकि, एकरा खातिर दुनो 69 गेना खेलल लो। यशस्वी के रूप में राजस्थान के पहिला झटका लागल। ऊ 35 गेना में चार चौका आ दु छक्का के मदद से 44 रन बनाके आउट भइलें।

ओहिजा, बटलर 41 गेना में 40 रन बना सकलें। अपना पारी में ऊ चार चौका आ एक छक्का लगवलें। दुनो के मार्कस स्टोइनिस आउट कइलें। कप्तान संजू सैमसन चार गेना में दु रन बनाके रन आउट भइलें। ओहिजा, शिमरोन हेटमायर कुछ खास ना कs सकलें आ दु रन बनाके आवेश खान के शिकार बनलें।

आखिरी कुछ ओवरन में देवदत्त पडिक्कल आ रियान पराग धीमा बल्लेबाजी कइल लो। एकर नतीजा ई भइल कि आखिरी ओवर में राजस्थान के जीत खातिर 19 रन चाहत रहे। हालांकि, आवेश खान खाली आठ रन खरचा कइलें आ लखनऊ मैच 10 रन से जीत लेलस। देवदत्त पडिक्कल 21 गेना में चार चौका के मदद से 26 रन बनाके आउट भइलें। ध्रुव जुरेल खाता ना खोल सकलें। दुनो के आवेश आउट कइलें। रियान पराग 15 रन आ अश्विन तीन रन बनाके नाबाद रहलें।

522340cookie-checkRR vs LSG: लखनऊ आईपीएल में टोटल डिफेंड करत नउवां मैच जीतल, राजस्थान के 10 रन से हरवलस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.