[the_ad_group id="30365"]

Indian Army Chief : लेफ्टिनेंट जनरल धीरज सेठ होइहें नया सेना प्रमुख, जनरल उपेंद्र द्विवेदी के जगह लिहें जिम्मेदारी

Lt General Dhiraj Seth Appointed New Indian Army Chief
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारत सरकार लेफ्टिनेंट जनरल धीरज सेठ (Lt. Gen. Dhiraj Seth) के अगिला सेना प्रमुख नियुक्त कइले बा। फिलहाल ऊ उप सेना प्रमुख के पद पs तैनात बाड़ें। ऊ अब सेना प्रमुख जनरल उपेंद्र द्विवेदी के जगह लिहें।

उप सेना प्रमुख धीरज सेठ के लगे करीब 40 साल के सैन्य अनुभव बा। ऊ रेगिस्तान, जम्मू-कश्मीर आ पश्चिमी मोर्चा सहित कइयन गो संवेदनशील इलाकन में कमान संभाल चुकल बाड़ें।

31 अगस्त 2028 तक रही कार्यकाल

लेफ्टिनेंट जनरल धीरज सेठ 30 जून के सेना प्रमुख के पदभार संभरिहें। स्थायी रैंक के संगे उनकर कार्यकाल 31 अगस्त 2028 तक रही।

40 साल के सैन्य अनुभव

धीरज सेठ दक्षिण-पश्चिमी कमान आ दक्षिणी कमान के जीओसी-इन-सी रह चुकल बाड़ें। ऊ पश्चिमी मोर्चा पs दूगो ऑपरेशनल कमान के नेतृत्व करे वाला चुनिंदा अधिकारी में सामिल बाड़ें। ऊ संयुक्त राष्ट्र मिशन (अंगोला), सेना मुख्यालय आ क्षमता विकास से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण पद पs काम कs चुकल बाड़ें।

लेफ्टिनेंट जनरल धीरज सेठ के विशिष्ट सेवा खातिर परम विशिष्ट सेवा मेडल (PVSM), उत्तम युद्ध सेवा मेडल (UYSM) आ अति विशिष्ट सेवा मेडल (AVSM) से सम्मानित कइल जा चुकल बा। उनकर लमहर सैन्य अनुभव आ अलग-अलग महत्वपूर्ण जिम्मेदारी निभावे के क्षमता के देखत भारत सरकार उनका के देस के अगिला सेना प्रमुख के जिम्मेदारी सउपले बा।

Read Also: AN32 Plane Crash : असम के जोरहाट में भारतीय वायुसेना के AN-32 विमान के क्रैश, पांच जवान बलिदान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]