AN32 Plane Crash : असम के जोरहाट में भारतीय वायुसेना के AN-32 विमान के क्रैश, पांच जवान बलिदान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 13, 2026

नई दिल्ली। भारतीय वायुसेना (IAF) के एगो AN-32 परिवहन विमान असम के जोरहाट एयरफोर्स स्टेशन पs दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। भारतीय वायुसेना के ओर से दिहल जानकारी के मोताबिक, ई हादसा तब भइल जब AN-32 विमान

Share

Assam Jorhat Air Force AN-32 Plane Crash During Landing

नई दिल्ली। भारतीय वायुसेना (IAF) के एगो AN-32 परिवहन विमान असम के जोरहाट एयरफोर्स स्टेशन पs दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। भारतीय वायुसेना के ओर से दिहल जानकारी के मोताबिक, ई हादसा तब भइल जब AN-32 विमान जोरहाट एयरफील्ड पs लैंडिंग करे के कोसिस करत रहे।

आईएएफ अधिकारियन के मोताबिक, भारतीय वायुसेना के ई AN-32 विमान एयरफोर्स स्टेशन परिसर के भीतरे क्रैश भइल। दुर्घटना के तुरंत बाद विमान में भयंकर आग लाग गइल। हादसा के जानकारी मिलतही आपातकालीन प्रतिक्रिया टीम के तुरंत घटनास्थल पs भेजल गइल, जहां ऊ लोग आग बुझावे आ इस्थिति के नियंत्रण में लेवे के काम में जुट गइल।

आईएएफ अधिकारी बतवलें कि एह एयरक्राफ्ट दुर्घटना में भारतीय वायुसेना के पांच जवान बलिदान हो गइलें। एह हादसा में को-पायलट के सुरक्षित बचा लिहल गइल बा आ फिलहाल उनकर इलाज चल रहल बा।

फिलहाल विमान दुर्घटना के असली कारण के पता नइखे चल पावल। हादसा कइसे भइल, एह बारे में जांच जारी बा।

बलिदान देवे वाला जवानन के नाम

असम के जोरहाट में AN-32 विमान दुर्घटना में भारतीय वायुसेना के पांच जवान ड्यूटी के दौरान सर्वोच्च बलिदान दिहल लोग। आईएएफ के अनुसार, बलिदान देवे वाला जवानन में सामिल बा लाेग:

  • स्क्वाड्रन लीडर प्रशांत सिंह
  • फ्लाइट लेफ्टिनेंट शुभम कुमार
  • सार्जेंट जितेंद्र शर्मा
  • अग्निवीरवायु खेमाराम कुमावत
  • अग्निवीरवायु दानिश आलम

भारतीय वायुसेना (IAF) एह दुर्घटना के पुष्टि करत कहलस कि घटनास्थल पs स्थिति के बारीकी से जांच कइल जा रहल बा। वायुसेना के ओर से कहल गइल कि जइसे-जइसे जांच में नया तथ्य सामने आई, ओह हिसाब से आगे के जानकारी साझा कइल जाई।

Read Also: AN32 Aircraft Crash : असम के जोरहाट में भारतीय वायुसेना के विमान AN-32 के क्रैश, लैंडिंग के दौरान भइल हादसा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.