पीएम मोदी थाईलैंड खातीर भइले रवाना, बिम्सटेक शिखर सम्मेलन में करिहें शिरकत

पीएम मोदी थाईलैंड खातीर भइले रवाना

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफ़ें के दु दिन के यात्रा पs थाईलैंड रवाना हो गईले। अपना यात्रा के दौरान पीएम मोदी थाईलैंड के प्रधानमंत्री पैतोंगतार्न शिनावात्रा से बातचीत करीहें आ छठवाँ बिम्सटेक शिखर सम्मेलन में शामिल होखीहें. एह सम्मेलन में थाईलैंड, बांग्लादेश, श्रीलंका, नेपाल, म्यांमार आ भूटान के नेता लोग भाग लीहें. बिमस्टेक शिखर सम्मेलन में पीएम मोदी नेपाल के प्रधानमंत्री केपी शर्मा ओली, बांग्लादेश के मुख्य सलाहकार मोहम्मद यूनुस आ म्यांमार के सैन्य जुंटाजुंटा नेता मिन आंग ह्लाइंग समेत अउरी नेता लोग से भेंट करीहें. 

पीएम मोदी श्रीलंका के दौरा भी करीहे


विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल ट्विटर पs पोस्ट कईले कि, “प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी थाईलैंड अवुरी श्रीलंका के दौरा पs रवाना होईहे। प्रधानमंत्री थाईलैंड के आधिकारिक दौरा करीहे अवुरी छठवां बिम्सटेक शिखर सम्मेलन में शामिल होईहे। एकरा बाद उs श्रीलंका के राज्य दौरा करीहे।”

पूरा कार्यक्रम जानीं


प्रधानमंत्री बियफे के सबेरे बिम्सटेक शिखर सम्मेलन में शामिल होखीहें जहाँ एह समूह के ‘बैंकॉक विजन 2030’ के अपनावे के संभावना बा. थाईलैंड सरकार के विदेश मामिला के स्थायी सचिव एक्सिरी पिंटारुची कहले कि ‘सक्रिय, लचीला आ खुला बिम्सटेक’ के विषय थाईलैंड के क्षेत्रीय समूहीकरण के अध्यक्षता के खास बात बा. ‘विजन’ दस्तावेज के मकसद बा कि बिम्सटेक सहयोग खातिर साफ दिशा आ लक्ष्य तय कइल जाव, एह लक्ष्यन के हासिल करे खातिर प्रमुख प्राथमिकता के पहचान कइल जाव, शांति, स्थिरता आ आर्थिक स्थायित्व के क्षेत्र के रूप में बिम्सटेक के बढ़ावा दिहल जाव आ जलवायु परिवर्तन के प्रभाव के कम करे खातिर सहयोग बढ़ावल जाव.

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-