चुनाव ख़तम होइते बढ़ल दाम, आईं जानल जा पूरा हाल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 8, 2022

उत्तर प्रदेश, पंजाब सहित पांच राज्य के चुनाव ख़तम हो गइल बा। रूस अउर यूक्रेन के बीच भीषण जुद्ध के चलते कच्चा तेल के भाव 14 साल के सबसे महंग स्तर पs बा। अइसन हालत

Share

उत्तर प्रदेश, पंजाब सहित पांच राज्य के चुनाव ख़तम हो गइल बा। रूस अउर यूक्रेन के बीच भीषण जुद्ध के चलते कच्चा तेल के भाव 14 साल के सबसे महंग स्तर पs बा। अइसन हालत में सबके संका बा कि अब पेट्रोल-डीजल से ले के  घरेलू एलपीजी सिलेंडर तक पs महंगाई के मार पड़ी।

अभिन ले उत्तर प्रदेश, पंजाब समेत 5 राज्यन में चुनाव के चलते एलपीजी सिलेंडर अउर पेट्रोल-डीजल के कीमत में पिछिला कई महीना से राहत मिलत रहल। 7 मार्च के चुनाव के आखिरी चरन समाप्त हो गइल अउर साँझ के सब एग्जिट पोल में उत्तर प्रदेश में योगी सरकार के वापसी, कुछ पोल में उत्तराखंड में कांग्रेस, पंजाब में आप की सरकार बन रहल बा। गोवा अउर मणिपुरो में बीजेपी के सरकार बने के अनुमान बा, लेकिन एह अनुमानों के बीच तेल अउर गैस के दाम बढ़ले के आशंकओ घर करे लागल बा|

आजु यानी 8 मार्च 2022 के घरेलू एलपीजी सिलेंडर के कीमत दिल्ली में 899.50 रुपया बा। अगर कोलकाता के बात कइल जा त उहां 1 मार्च 2021 के 14.2 किलो वाला गैर-सब्सिडी सिलेंडर के कीमत 846 रुपया रहल अउर आजु ई 926 रुपये में बिका रहल बा। एही तरे लखनऊ में घरेलू सिलेंडर एक साल पहिले 857 रुपया के मिलत रहल अउर आजु 938 रुपया में मिल रहल बा। पटना में ई 998 रुपया के बा।

 

साभार – हिन्दुस्तान 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.