मतदान केंद्रन पs लंबा कतार, फिल्म अभिनेता कमल हासन, बाबा रामदेव भी डलले वोट,9 बजे ले इहां सबसे जादा मतदान, जानीं कुल राज्य के अपडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2024

दुनिया के सबसे बड़ लोकतांत्रिक महोत्सव आज से शुरू हो गईल बा देश के 21 राज्य में 102 लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा। सबेरे से मतदान केंद्र पs लमहर कतार लागल बा। लोकसभा

Share

दुनिया के सबसे बड़ लोकतांत्रिक महोत्सव आज से शुरू हो गईल बा देश के 21 राज्य में 102 लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा। सबेरे से मतदान केंद्र पs लमहर कतार लागल बा। लोकसभा चुनाव के पहिला चरण में मोदी सरकार के आठ गो केंद्रीय मंत्रियन के भाग्य ईवीएम में बंद हो जाई. पिछला चुनाव (2019) में यूपीए एह 102 सीट में से 45 सीट आ एनडीए के 41 सीट जीतल रहे।

एह-एह राज्यन में हो रहल बा मतदान

– राजस्थान में 12 सीट

– उत्तरप्रदेश में 08 सीट

– मध्यप्रदेश में 06 सीट

– बिहार में 04 सीट

– पश्चिम बंगाल में 03 सीट

– असम में 05 सीट

– महाराष्ट्र में 05 सीट

– मणिपुर में 02 सीट

– त्रिपुरा में 01 सीट

– जम्मू-कश्मीर में 01 सीट

– छत्तीसगढ़ में 01 सीट

– तमिलनाडु में 39 सीट

– मेघालय में 02 सीट

– उत्तराखंड में 05 सीट

– अरुणाचल प्रदेश में 02 सीट

– अंडमान निकोबार द्वीप समूह में 01 सीट

– मिजोरम में 01 सीट

– नागालैंड में 01 सीट

– पुडुचेरी में 01 सीट

– सिक्किम में 01 सीट

– लक्षद्वीप में 01 सीट

अभिनेता कमल हासन आपन वोट दिहले

अभिनेता आ एमएनएम प्रमुख कमल हासन चेन्नई के कोयम्बेडु मतदान केंद्र पs आपन वोट दिहले. एकरा संगे उत्तराखंड में योग गुरु बाबा रामदेव भी आपन वोट देले।

यूपीयूपी के आठ लोकसभा सीट पs रात नौ बजे ले 12.66 फीसदी मतदान

मतदाता के उत्साह अधिका लउकत बा. मतदान बूथ पs सबेरे से लमहर कतार लागल बा. कहल जा रहल बा कि गरमी के चलते लोग जल्दी से जल्दी वोट देवे के चाहतारे। बतावत बानी कि कवना राज्य में सबेरे नौ बजे ले कतना प्रतिशत मतदान भइल.

उत्तर प्रदेश में सबेरे 9 बजे ले 12.66 प्रतिशत मतदान हो चुकल बा

– लक्षद्वीप में 5.5 प्रतिशत

– त्रिपुरा में 15.21 प्रतिशत

– अरुणाचल में 6 प्रतिशत

– सिक्किम में 7 प्रतिशत

– बंगाल के कूचबिहार में 15.26 प्रतिशत

– बंगाल के अलीपुर द्वार में 15.91 प्रतिशत

– बंगाल के जलपाईगुड़ी में 14.13 प्रतिशत

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.