Loksabha Chunav 2024: पीएम मोदी के लगातार तीसरका जीत पs विश्व नेता लो दिहले बधाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

  पीएम मोदी के लगातार तिसरका जीत पs विश्व के नेता लोग बधाई दिहले बा. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में राष्ट्रीय लोकतांत्रिक गठबंधन (एनडीए) तीसरी बेर जीत हासिल कईले बा। लोकसभा के 543 सीट

Share

 

पीएम मोदी के लगातार तिसरका जीत पs विश्व के नेता लोग बधाई दिहले बा. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में राष्ट्रीय लोकतांत्रिक गठबंधन (एनडीए) तीसरी बेर जीत हासिल कईले बा। लोकसभा के 543 सीट के चुनाव में एनडी के 292 सीट मिलल बा। एकरा बाद विश्व नेता लोग से पीएम मोदी के बधाई देवे के प्रक्रिया शुरू हो गईल बा। नेपाल से लेके श्रीलंका, मॉरीशस आ भूटान ले के नेता पीएम मोदी के तीसरा जीत पs बधाई देले बाड़े।

नेपाल के प्रधानमंत्री पुष्पकमल दहल प्रचंड x पs लिखले  भारत के जनता के उत्साह से सहभागिता से दुनिया के सबसे बड़ लोकतांत्रिक प्रक्रिया के सफल समापन देख के हमनी के खुशी हो रहल बा।

 

भूटान के पीएम भी बधाई दिहले

भूटान के प्रधानमंत्री शेरिंग तोबगे भी पीएम मोदी के पूर्व पद पs बधाई देले। उs लिखले कि, दुनिया के सबसे बड़ चुनाव में भाजपा अवुरी एनडी के तीसरा ऐतिहासिक जीत देवे खातीर हमार दोस्त प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बधाई। ऊ भारत के नया ऊंचाई पs ले जा रहल बाड़न.  हम अपना दुनु देशन के साथे मिलजुल के संबंधन के अउरी मजबूत करे के उमेद करत बानी.

मारीशस के प्रधानमंत्री जगन्नाथ बधाई दिहले

मॉरीशस के पीएम जगन्नाथ एक्स पs लिखले कि प्रधानमंत्री मोदी जी के ऐतिहासिक तीसरा कार्यकाल खातीर सराहनीय जीत पs बधाई।  रउरा नेतृत्व में सबसे बड़ लोकतंत्र में उल्लेखनीय प्रगति होखत रही.  मारीशस आ भारत के बीच के विशेष संबंध जिंदाबाद।

श्रीलंका के राष्ट्रपति भी बधाई दिहले

 

श्रीलंका के राष्ट्रपति रानिल विक्रम सिंघे x पs लिखले बाड़न भाजपा आ एनडीए के जीत से पीएम के नेतृत्व में भारतीय जनता के प्रगति आ समृद्धि के आस्था के प्रदर्शन भइल बा. नरेंद्र मोदी भारत के निकटतम पड़ोसी के रूप में श्रीलंका के साझेदारी के अउरी मजबूत करीहे।

श्रीलंका के विपक्षी नेता सजित प्रेमदासा भी बधाई दिहले

श्रीलंका के विपक्षी नेता साजिथ प्रेमदासा ट्विटर पs लिखले कि नरेंद्र मोदी अवुरी एनडीए के ऐतिहासिक जीत प बधाई। हमनी के भारत खातिर बड़हन फैसला के एगो नया अध्याय के इंतजार बा आ भारत के “ पड़ोसी प्रथम नीति ” के एगो अउरी अध्याय से प्रेरित होखे के इंतजार बा। जबकि पीएम मोदी सजीत प्रेमदासा के आभार जतवले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.