लोकसभा के नया पहल : अब नेम प्लेट से पहचानल जइहें सांसद

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 2, 2024

18वीं लोकसभा में सदस्यन के सीट आवंटित हो गइल बा.  परंपरा के मुताबिक सीट नंबर 1 सदन के नेता के दिहल गईल बा, जवन कि फिलहाल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाड़े।  एही तरे बाकी सदस्यन के

Share

लोकसभा

18वीं लोकसभा में सदस्यन के सीट आवंटित हो गइल बा.  परंपरा के मुताबिक सीट नंबर 1 सदन के नेता के दिहल गईल बा, जवन कि फिलहाल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाड़े।  एही तरे बाकी सदस्यन के सीट भी आवंटित हो गइल बा।  सीट के आवंटन सदन में पार्टी के सदस्यता अवुरी सदस्य के वरिष्ठता के आधार पs कईल जाला। 

सीट के सामने नेम प्लेट लगावल जाई
अबकी बेर सीट आवंटन में नया पहल कइल गइल बा.  अबकी बेर सीट के आगे सदस्यन के नाम भी लिखल जाई। एतने ना, नाम के संगे सभ सांसद के दिहल डिवीजन नंबर भी लिखल जाई। सूत्र के मुताबिक सांसद के नेम प्लेट लगावे के काम शुरू हो गईल बा. आपन सीट के सोझा हर सदस्य के नाम लिखला के फायदा इs होई कि उनुकर पहचान आसानी से हो सकता अवुरी हरेक सांसद अपना सीट पs बईठ के आपन विचार राखे में सक्षम होईहे। 

डिवीजन नंबर से आवंटन होत आइल बा
दरअसल सांसद बनला के बाद हर सांसद के डिवीजन नंबर दिहल जाला आ जब लोकसभा में ओकर सीट आवंटित हो जाला तब ऊ सीट सांसद के डिवीजन नंबर से पता चलेला.  हालांकि ई जानकारी सार्वजनिक ना कइल जाला.  सदन में जब कवनो मुद्दा पs मतदान होखेला तs हर सांसद अपना डिवीजन नंबर से आपन वोट दर्ज करावेला, जवना के हमनी के अक्सर सदन में लगावल इलेक्ट्रॉनिक बोर्ड पs देखेनी जा। 

इहो पढ़ीं: laddu gopal: घर में बाड़े अगर बाल गोपाल तs एह नियम के जरूर करीं पालन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.