Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव : लालू यादव कहले – देश के गरीब, दलित आ पिछड़ल जनता संविधान बदलेवाला के आंख निकालिहे

326

लालू यादव : राजद सुप्रीमो कहले- 2024 में एनडीए के बहुमत मिले के सवाल प लालू प्रसाद कहले कि बहुमत मिले के कवनो उम्मीद नइखे। बहुमत के मांग करत इलाका में घूमत बाड़े आ संविधान बदले के कहत बाड़े।

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ राष्ट्रीय जनता दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू यादव पीएम मोदी आ भाजपा सरकार प कड़ा हमला कइले। उ कहले कि भारतीय जनता पार्टी में बहुत घबराहट बा। इ लोग मान रहल बाड़े कि उ लोग (भाजपा) हारतारे। जनता के मनोबल गिरावे खातिर ‘400 पार’ के नारा दे रहल बाड़े। इनकर पार्टी के नेता लगातार खुल के कहतारे कि हम (भाजपा) संविधान बदल देब। ई संविधान डॉ. बी.आर.अम्बेडकर बनवले बाड़न । जे एकरा के बदले के कोशिश करी, देश के गरीब, दलित आ पिछड़ल लोग के नजर गॉग हो जाई।

इ लोग लोकतंत्र के खतम क के देश में तानाशाही ले 

आवल चाहतारे

लालू प्रसाद कहले कि उ भाजपा के कठोर लहजा में कहले कि सावधान रहस कि जदी अइसन हिम्मत करीहे त देश के जनता माफ ना करीहे। लालू कहले कि उ देश में आपन शासन ले आवल चाहतारे। संविधान बदले के मतलब होला लोकतंत्र बदलल । लोकतंत्र बदले के मतलब ई बा कि ई लोग देश में लोकतंत्र नइखे चाहत । इ लोग लोकतंत्र के खतम क के देश में तानाशाही ले आवल चाहतारे।

मोहन भागवत आरक्षण के समीक्षा करे के बात कइले रहले

2024 में एनडीए के बहुमत मिले के सवाल प लालू प्रसाद कहले कि बहुमत मिले के कवनो उम्मीद नइखे। बहुमत मांगत इलाका में घूमत बाड़े आ कहत बाड़े कि संविधान बदलब, हमनी के वोट दीं । भाजपा आ पीए नरेंद्र मोदी के याद राखे के चाहीं कि एहसे पहिले मोहन भागवत आरक्षण के समीक्षा करे के बात कइले रहले, आ देश के जनता उनका मंशा के जवाब दिहलस । अबकी बेर भी इहे हाल होखे वाला बा।

791230cookie-checkलोकसभा चुनाव : लालू यादव कहले – देश के गरीब, दलित आ पिछड़ल जनता संविधान बदलेवाला के आंख निकालिहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.