यूपी: अमेठी में हंगामा, कांग्रेस ऑफिस के बाहर आधा दर्जन से जादा गाड़ियन में तोड़फोड़

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2024

यूपी के अमेठी से बड़ खबर सामने आईल बा। एहिजा गौरीगंज में कांग्रेस कार्यालय के बहरी आधा दर्जन से अधिका गाड़ियन के सीसा टूट गइल. एह घटना के सोझा अईला के बाद इलाका में तनाव

Share

यूपी के अमेठी से बड़ खबर सामने आईल बा। एहिजा गौरीगंज में कांग्रेस कार्यालय के बहरी आधा दर्जन से अधिका गाड़ियन के सीसा टूट गइल. एह घटना के सोझा अईला के बाद इलाका में तनाव के माहौल बा। एs घटना के बाद कांग्रेस के नेता अवुरी कार्यकर्ता नाराज बाड़े। स्थानीय पुलिस अवुरी सीओ समेत अधिकारी मउका पs पहुंचल बाड़े।

कांग्रेस भाजपा पs आरोप लगवलस

कांग्रेस एs घटना खातीर भाजपा पs आरोप लगवले बिया। यूपी कांग्रेस अपना एक्स हैंडल पs लिखले बा कि, ‘हार के डर से भाजपा घबरा गईल।’ अमेठी में प्रशासन के मौजूदगी में भाजपा कार्यकर्ता जिला कार्यालय के बहरी खड़ी दर्जन गाड़ियन के तोड़फोड़ कईले। कार्यालय में जिला अध्यक्ष प्रदीप सिंघल जी मौजूद रहे। उs कांग्रेसी लोग के संगे उहाँ से बदमाश के भगा देले लेकिन पुलिस हर बेर निहन दर्शक बनल रह गईल जईसे उनुका उकसावे पs सब कुछ होखता।

यूपी कांग्रेस कहलस कि भाजपा आपन हार मान चुकल बिया, एहीसे उs अतना नीच अवुरी छोट-मोट हरकतन के सहारा लेले बिया। सनद रहीं! कांग्रेस पार्टी अवुरी राहुल गांधी के बब्बर शेर केहु से डेरात नईखे।

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.