पंजाबः कांग्रेस से इस्तीफा देवे के कुछ घंटा बादे बीजेपी में शामिल भइले तजिंदर सिंह बिट्टू

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 20, 2024

  पंजाब में कांग्रेस के बड़ झटका लागल बा। हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस प्रभारी अवुरी प्रियंका गांधी के करीबी तजिंदर सिंह बिट्टू पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दिहला के कुछ घंटा बाद भाजपा में

Share

 

पंजाब में कांग्रेस के बड़ झटका लागल बा। हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस प्रभारी अवुरी प्रियंका गांधी के करीबी तजिंदर सिंह बिट्टू पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दिहला के कुछ घंटा बाद भाजपा में शामिल भईले। उs दिल्ली में केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव अवुरी भाजपा महासचिव विनोद तावड़े के मौजूदगी में भाजपा के सदस्यता लेले। एकरा से पहिले सोशल मीडिया पs अपना इस्तीफा के जानकारी देत ​​बिट्टू कहले कि भारी दिल से हम 35 साल बाद कांग्रेस पार्टी से इस्तीफा दे रहल बानी। हालांकि उs इस्तीफा के कारन ना बतवले।

बता दीं कि पंजाब के पूर्व मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह के कांग्रेस छोड़ला के बाद बहुत वरिष्ठ नेता एक-एक कs पार्टी छोड़ रहल बाड़े। कांग्रेस छोड़े वाला अधिकांश नेता भाजपा में शामिल हो गईल बाड़े। एहमें अमरिंदर सिंह, सुनील जाखड़ समेत बहुते नेता शामिल बाड़े.

 

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.