एजु सुबेरे 7 बजे से लेके अबे ले नाहीं पड़ल वोट, ग्रामीण कs रहल बाड़े बहिष्कार; जानीं वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2024

  लोकतंत्र के महान पर्व शुरू हो गइल बा आ 21 राज्यन के 102 गो लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा. साथही मध्य प्रदेश के सीधी जिला में आजु पहिला चरण में वोटिंग चलत

Share

 

लोकतंत्र के महान पर्व शुरू हो गइल बा आ 21 राज्यन के 102 गो लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा. साथही मध्य प्रदेश के सीधी जिला में आजु पहिला चरण में वोटिंग चलत बा बाकिर अबहीं ले एहिजा कवनो वोट नइखे दिहल गइल. इहाँ सबेरे 7 बजे से मतदान शुरू हो गईल बा, लेकिन नेटवर्क के समस्या के चलते गांव के लोग के संगे सरपंच भी मतदान के बहिष्कार कs देले बाड़े।

नेटवर्क के समस्या 30 साल से बा

गाँव मेदरा जिला मुख्यालय से लगभग 70 किलोमीटर के दूरी पs स्थित बा, जहाँ आदिवासी बहुल क्षेत्र होखे के कारण इहाँ नेटवर्क के समस्या मौजूद नइखे लेकिन 30 साल से अधिका समय से बा। इहाँ कबो मोबाइल नेटवर्क ना रहल। सरपंच के संगे गांव के लोग कई बेर जिला पंचायत प्रशासन अवुरी कलेक्टर के भी आवेदन कईले, लेकिन ओकरा बाद भी कवनो सुनवाई ना भईल। जवना के बाद आखिरकार गांव के लोग आज मतदान के बहिष्कार कs देले। उ कहले कि जदी हमनी के नेटवर्क के समस्या से राहत ना दिहल गईल तs हमनी के बिल्कुल वोट ना देब। हमनी के अयीसन लोग के काहे चुने के चाही, जवन कि हमनी के समस्या के समाधान नईखे कs सकत?

एs समूचा मामिला के बारे में सीधी कलेक्टर स्वरोचिष सोमवंशी भी कुछ अपरिहार्य कारण से गांव मेडरा में मतदान बंद होखे के पुष्टि कईले बाड़े। प्रशासन के टीम ओहिजा चहुँप गइल बा आ जनता से लगातार बातचीत चलत बा जल्दिए मतदान शुरू हो जाई.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.