Lok Sabha Election Result: यूपी में ई 13 गो सांसद लगवले जीत के हैट-ट्रिक, मोदी-राजनाथ समेत कई दिग्गज शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

Lok Sabha Election Result 2024 यूपी में 28 सांसदन में से 13 सांसद जीत के हैट-ट्रिक लगवले बा। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी से तीसरका बेर चुनाव जीतल बाड़े। वइसे तऽ रक्षामंत्री राजनाथ सिंह चौथा बार

Share

Lok Sabha Election Result 2024 यूपी में 28 सांसदन में से 13 सांसद जीत के हैट-ट्रिक लगवले बा। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी से तीसरका बेर चुनाव जीतल बाड़े। वइसे तऽ रक्षामंत्री राजनाथ सिंह चौथा बार चुनाव जीतल बाड़े बाकिर लखनऊ सीट से उहो लगातार तीसरका बेर जीते में सफल भइले। मीरजापुर से अनुप्रिया पटेल एह सीट से लगातार तीसरका चुनाव जीतल बाड़ी। महाराजगंज लोकसभा सीट से केंद्रीय राज्यमंत्री आ भाजपा प्रत्याशी पंकज चौधरी सातवां बेर चुनाव जीतल बाड़े आ उऽ इहाँ जीत की डबल हैट-ट्रिक मरले बाड़े।

जीत के डबल हैट-ट्रिक मारे वालन में उन्नाव के सांसद सच्चिदानंद हरि साक्षी महाराजो शामिल बाड़े। गोंडा से भाजपा प्रत्याशी कीर्तिवर्धन सिंह पांचवां बेर चुनाव जीतल बाड़े बाकिर पिछला तीन चुनाव उहो लगातार जीतल बाड़े। डुमरियागंज लोकसभा सीट से जगदंबिका पाल चौथा बेर चुनाव जीतल बाड़े, बाकिर भाजपा के टिकट पs इहाँ उहो हैट-ट्रिक लगवले।

2009 के चुनाव उऽ कांग्रेस के टिकट पs जीतल रहले। उहे भाजपा के अलीगढ़ से सतीश गौतम, मथुरा से हेमामालिनी, फर्रुखाबाद से मुकेश राजपूत, बुलंदशहर से भोला सिंह, गौतमबुद्ध नगर से डा. महेश शर्मा आ अकबरपुर से देवेन्द्र सिंह भोले लगातार तीसरका बेर जीत दर्ज कइले बा। उहे बांसगांव से कमलेश पासवान हैट-ट्रिक बना चुकल बाड़े आ उऽ अबकी चौथी बेर चुनाव जीतल बाड़े।

हैट-ट्रिक लगावे वाला 13 सांसदन में से 12 भाजपा के बा आ एगो अपना दल (एस ) के बा। ओने दूसरका ओर हरदोई सीट भाजपा के जय प्रकाश रावतो छठा बेर सांसद बनल बाड़े बाकिर उऽ लगातार तीन बार चुनाव ना जीत सकले। आगरा से भाजपा के डा. एसपी सिंह बघेल पांच बार सांसद बनल बाड़े बाकिर उऽ हैट-ट्रिक ना लगा सकले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.