[the_ad_group id="30365"]

lifestyle: बाल के जड़ के मजबूत बनाए खातीर अपनाई दादी-नानी के ई घरेलू उपाय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर समय रहते बाल गिरला के समस्या के ध्यान ना दिहल गईल तs आप गंजा भी हो सकतानी। आईं आज हमनी के अयीसन घरेलू उपाय के बारे में जानकारी हासिल कईल जाए, जवन कि आपके बाल के स्वास्थ्य के मजबूत करे में कारगर साबित हो सकता।

सबसे पहिले एगो कटोरी में अंडा के सफेद हिस्सा निकाल लीं। अब ओही कटोरी में जैतून के तेल के एगो बड़ चम्मच निकाल लीं। एकरा बाद एs दुनो चीज़ के बढ़िया से मिला के चिकना पेस्ट तैयार करे के होई।

इs मिश्रण कपास के मदद से अपना माथा पs लगाई। बेहतर रिजल्ट पावे खातिर एs मिश्रण के करीब 30 मिनट ले लगावे के होई। आधा घंटा के बाद आप कवनो हल्का शैम्पू से बाल धो सकतानी।

अंडा के सफेद हिस्सा अवुरी जैतून के तेल दुनो में पावल जाए वाला पोषक तत्व आपके बाल के स्वास्थ्य में बहुत हद ले सुधार कs सकता। अंडा के सफेद हिस्सा अवुरी जैतून के तेल के एs मिश्रण के इस्तेमाल बाल में पोषण के कमी के दूर करे खातीर कईल जा सकता।

एह मिश्रण के हफ्ता में एक दू बेर इस्तेमाल करीं. एह घरेलू उपाय के मदद से आप अपना बाल के जड़ के मजबूत कs सकतानी। माने कि, जदी आप बाल गिरला के समस्या से छुटकारा पावल चाहतानी, तs आप एs मिश्रण के अपना बाल के देखभाल के दिनचर्या में शामिल कs सकतानी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सबेरे उठला के बाद इs व्यायाम करीं, बेमारी से रहब दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]