Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जीवन रक्षक CORBEVAX वैक्सीन बिहार में बर्बाद : 4,240 गो कइल जाई नष्ट, तेजस्वी के रीजन में आइल रहे; मंगल पांडेय के समय बर्बाद भइल

1,329

बिहार के मिलल 5000 डोज में से 4,240 डोज जीवन रक्षक CORBEVAX वैक्सीन बर्बाद हो गइल बा। तत्कालीन स्वास्थ्य मंत्री तेजस्वी यादव के रीजन में ई वैक्सीन बिहार आइल रहे। तेजस्वी के हाथ से सत्ता गइला के बाद बिहार में एनडीए के सरकार बनल आ स्वास्थ्य मंत्री के जिम्मा तत्कालीन उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी संभरलें।

एकरा बाद हाल में विभागन के बंटवारा के बाद स्वास्थ्य मंत्री के जिम्मा बीजेपी एमएलसी मंगल पांडेय के मिलल बा। वर्तमान में मंगल पांडेय स्वास्थ्य मंत्री बाड़ें। माने अलग-अलग तीन गो स्वास्थ्य मंत्री बनल लो। बाकिर केहुओ आमलोगन खातिर आइल एह जीवन रक्षक कोविड वैक्सीन में कवनो दिलचस्पी ना देखावल। तेजस्वी के रीजन में आइल आ मंगल पांडेय के रीजन में ई बर्बाद हो गइल।

सबसे जादे सारण लेलस CORBEVAX के वायल्स

जिला प्रतिरक्षण पदाधिकारी एसपी विनायक बतवलें कि CORBEVAX वैक्सीन पटना जिला के 250 वायल्स दिहल गइल रहे। जेमे से ऑन डिमांड सारण जिला के 32 वायल्स, भोजपुर जिला के 2 वायल्स, पटना जिला के गर्दनीबाग अस्पताल के 5 वायल्स दिहल गइल। बाकी 212 वायल्स अभी बाकी बा आ उपलब्ध बा। आम जनतो वैक्सीन लेवे नइखे आ रहल। वैक्सीन के एक्सपायरी डेट 27 मार्च, 2024 हs।

वैक्सीन के कइल जाई नष्ट

बाकी बचल 212 वायल्स माने लगभग 4240 डोज के अब नष्ट कइल जाई। नष्ट करे के प्रक्रिया जटिल बा। एकरा खातिर एगो मेडिकल टीम के गठन कइल जाला। फेर वैक्सीन के खौलत गरम पानी में कुछ देर खातिर उबालल जाला। एकरा बाद जमीन के अंदर खुदाई कs के डाल दिहल जाला आ ओकरा ऊपर से माटी डालल जाला। डॉक्टर एसपी विनायक बतवलें कि जवन डिस्पोजल के नियम बा, ओकरा अनुसार नियमानुकूल ओकरा के डिस्पोज कइल जाई।

5000 डोज में से जरूरत के अनुसार बिहार के सब जिलन के वैक्सीन उपलब्ध करावल जाये के रहे। आइल CORBEVAX वैक्सीन से 12 से 14 वर्ष के लईकन के टीकाकरण होखे  के आ अइसन लोगन ले बूस्टर डोज के तौर पs वैक्सीन पड़े के रहे, जे कोविशिल्ड आ कोवैक्सिन के डोज लेले रहे।

साभार : दैनिक भास्कर

775360cookie-checkजीवन रक्षक CORBEVAX वैक्सीन बिहार में बर्बाद : 4,240 गो कइल जाई नष्ट, तेजस्वी के रीजन में आइल रहे; मंगल पांडेय के समय बर्बाद भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.