‘वोट देके बंगाल से जाए के बा…’, ईद मनावे आइल श्रमिकन से ममता कहली- जदि मतदान ना करबऽ लो तऽ चल जाई नागरिकता

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2024

Mamta Banerjee attack Bjp बंगाल के सीएम ममता बनर्जी ने आ यूसीसी के लेके विवादित बयान देत इशारा-इशारा में भाजपा पऽ हमला बोल देली। ममता दूसर राज्य से बंगाल आइल श्रमिकन से कहली कि उऽ

Share

Mamta Banerjee attack Bjp बंगाल के सीएम ममता बनर्जी ने आ यूसीसी के लेके विवादित बयान देत इशारा-इशारा में भाजपा पऽ हमला बोल देली। ममता दूसर राज्य से बंगाल आइल श्रमिकन से कहली कि उऽ ईद मनावे तऽ बंगाल आइल बा बाकिर उऽ वोट देइयेके वापस जाई काहेकि उनका लोग के नागरिकता छिन सकत बा। उऽ कहली कि जदि वोट ना डललऽ लो तऽ सीएए लागू हो जाई।

सीएए के लेके BJP पऽ बोलली हमला

ममता कहली –

हम उऽ सब प्रवासी श्रमिकन से निहोरा कइल चाहब जे ईद मनावे खातिर इहाँ आइल बा, किरपा कऽ के बिना मतदान कइले वापिस ना जाएं काहेकि जदि आवे वाला दिनन में मतदान ना करबऽ लो तऽ उऽ लोग तोहनी के आधार कार्ड आ नागरिकता छीन लिहें। हम इहाँ सीएए लागू ना होखे देब, जइसे हम असम में एकरा के लागू ना होखे देनी।

यूसीसी लागू ना होखे देवे के कहली बात

ममता भाजपा के नाम लेले बिना कहली कि अब उऽ लोग यूसीसी के बारे में बात कर रहल बा, का केहू जानत बा ऐसे का होई। जदि उऽ लोग यूसीसी लिआवत बा तऽ तू लोग आपन पहचान खो देंबऽ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.