AAI Junior Executive: एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया में ग्रेजुएट्स खातिर आखिरी मवका! आवेदन के अंतिम तिथि आज

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

AAI Junior Executive Recruitment 2025: भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण ग्रेजुएट लोगन खातिर कनिष्ठ कार्यपालक के अलग-अलग पदन पs भरती निकालल गइल रहे, जेमे आवेदन करे के उम्मीदवारन के लगे आज आखिरी मवका बा काहेकि आज पंजीकरण

Share

AAI Junior Executive: एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया में ग्रेजुएट्स खातिर आखिरी मवका! आवेदन के अंतिम तिथि आज

AAI Junior Executive Recruitment 2025: भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण ग्रेजुएट लोगन खातिर कनिष्ठ कार्यपालक के अलग-अलग पदन पs भरती निकालल गइल रहे, जेमे आवेदन करे के उम्मीदवारन के लगे आज आखिरी मवका बा काहेकि आज पंजीकरण के अंतिम तिथि बा। इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट aai.aero. पs जाके एह भरती खातिर तुरंत आवेदन कs सकत बा।

पदन के विवरण

एह भरती अभियान के तहत कनिष्ठ कार्यपालक के कुल 83 पदन के भरल जाई। एमे कनिष्ठ कार्यपालक (अग्निशमन सेवा) के 13, कनिष्ठ कार्यपालक (मानव संसाधन) के 66 आ कनिष्ठ कार्यपालक (राजभाषा) के 4 पद सामिल बा।

पद के नाम रिक्तियां

कनिष्ठ कार्यपालक (अग्निशमन सेवाएं) 13
कनिष्ठ कार्यपालक (मानव संसाधन) 66
कनिष्ठ कार्यपालक (राजभाषा) 04

शैक्षणिक योग्यता आ अनुभव

पद के नाम शैक्षणिक योग्यता अनुभव
कनिष्ठ कार्यपालक (अग्निशमन सेवाएं) अग्निशमन इंजीनियरिंग/मैकेनिकल इंजीनियरिंग/ऑटोमोबाइल इंजीनियरिंग में स्नातक/टेक –
कनिष्ठ कार्यपालक (मानव संसाधन) स्नातक आ एमबीए भा समकक्ष (2 वर्ष के अवधि) एचआरएम/एचआरडी/पीएम एंड आईआर/श्रमिक कल्याण में विशेषता के संगे –

कनिष्ठ कार्यपालक (राजभाषा) स्नातक स्तर पs एगो विषय के रूप में क्रमशः हिंदी भा अंग्रेजी के संगे हिंदी भा अंग्रेजी में स्नातकोत्तर भा स्नातक स्तर पs अनिवार्य/वैकल्पिक विषय के रूप में हिंदी आ अंग्रेजी के संगे कवनो आउर विषय में स्नातकोत्तर शब्दावली से संबंधित अनुवाद आ अंग्रेजी से हिंदी आ हिंदी से अंग्रेजी विशेषतः तकनीकी भा वैज्ञानिक क्षेत्र से संबंधित साहित्य में 2 बरिस के अनुवाद के अनुभव

आयु-सीमा

आवेदकन के आयु 18 मार्च 2025 के 27 बरिस से जादे ना होखे के चाहीं। हालांकि, आरक्षित वर्ग के उम्मीदवारन के ऊपरी आयुसीमा में छूट दिहल गइल बा। रोजगार समाचार के अंक 49/84 के अनुसार, आवेदन करे के अंतिम तिथि 18 मार्च 2025 निर्धारित बा।

आवेदन शुल्क

एससी, एसटी, दिव्यांग, महिला उम्मीदवारन आ जे लोग एएआई में 1 बरिस के अपरेंटिस पूरा कइले बा, ओह लोगन के आवेदन शुल्क से छूट दिहल गइल बा। ओहिजा, आउर सब उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क के रूप में 1000 रुपिया के भुगतान करे के होई।

चयन प्रक्रिया-सैलरी

एह पदन खातिर निर्धारित चयन प्रक्रिया में एगो कंप्यूटर आधारित परीक्षा, शारीरिक परीक्षण आ दस्तावेज सत्यापन जइसे चरण होई। एकरा अलावे, उम्मीदवार के चिकित्सा परीक्षण से गुजरे के होई। चयनित होखला पs उम्मीदवारन के 40,000 से लेके 1,40,000 तक मासिक वेतन दिहल जाई। मूल वेतन के अतिरिक्त महंगाई भत्ता, मूल वेतन के 35% के दर से अनुबल्धियन, मकान किराया भत्ता आ आउर लाभ सामिल बा।

Read Also: UPI पs बंद होखे जा रहल बा ई बड़ फीचर, अब ना कइल जा सकी पईसा के भेजे के अनुरोध, फैसला के वजह?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.