Bihar: लालू प्रसाद आ तेजस्वी यादव पटना लवटल लो, चार्जशीट पs डिप्टी सीएम कहलें- ई कवनो पहिला बेर नइखे भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2023

आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव आ डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव सोमार के देर सांझ दिल्ली से पटना लवटल लो। लालू प्रसाद स्वास्थ संबंधी जांच खातिर दिल्ली गइल। लालू प्रसाद के संगे तेजस्वी यादवो पटना आ

Share

आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव आ डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव सोमार के देर सांझ दिल्ली से पटना लवटल लो। लालू प्रसाद स्वास्थ संबंधी जांच खातिर दिल्ली गइल। लालू प्रसाद के संगे तेजस्वी यादवो पटना आ गइल बाड़ें। ऊ बिदेस गइल रहस। 10 जुलाई से बिहार विधानसभा के मानसून सत्र सुरू होखे वाला बा।

तेजस्वी यादव सीबीआई के ओर से चार्जशीट दायर करे के ममिला में कहलस कि ई कवनो पहिला चार्जशीट नइखे। हमनी लोग भाजपा के जब से भगवले बानी सs, तबे से बीजेपी साजिश कs रहल बिया। पहिला चार्जशीट 2017 में भइल। 2017 से अब 2023 हो गइल। एतना सालन तक एजेंसी कहां रहली सs? ई सभे के पता बा। देस के जनता सब जान रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.