मुंबई-नागपुर हाईवे पs बस एs ईंट से भरल मेटाडोर में भइल भीषण टक्कर, 4 लोगन के भइल दर्दनाक मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 15, 2025

महाराष्ट्र के बुलढाणा में एगो दुखद घटना घटल बा जवना में मुंबई-नागपुर राजमार्ग पs एगो बस आ ईंट से भरल मेटोडोर आमने-सामने टकरा गइल. टक्कर एतना भयानक रहे कि बस अवुरी मेटोडोर के टुकड़ा-टुकड़ा हो

Share


महाराष्ट्र के बुलढाणा में एगो दुखद घटना घटल बा जवना में मुंबई-नागपुर राजमार्ग पs एगो बस आ ईंट से भरल मेटोडोर आमने-सामने टकरा गइल. टक्कर एतना भयानक रहे कि बस अवुरी मेटोडोर के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। संगही, एकरा में सफर करेवाला 4 लोग के म उत दर्दनाक मौत हो गईल जबकि 10-15 लोग के घाही होखे के खबर बा।

घटना आमसरी गांव के पास के हs

राष्ट्रीय राजमार्ग नं. 53 मुंबई से नागपुर तक नांदुरा तहसील के अमसारी गांव के पास। इहाँ ईंट से भरल मेटाडोर अवुरी मध्य प्रदेश परिवहन के एसटी बस के आमने-सामने टकरा गईल। एह दुखद दुर्घटना में मैटाडोर में सवार 3 लोग के मौका पs मउत हो गईल, जबकि बस में सवार एक आदमी के भी जान चल गईल। एकरा अलावे एसटी बस के 10 से 15 यात्री गंभीर रूप से घाही हो गईल बाड़े।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.