Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

KV Admission 2021: कक्षा 1 के एडमिशन के पहिला चयन सूची जारी होगईल – कइसे चेक कइल जाव। हेइजा देखीं।

670

केन्द्रीय विद्यालय, केवी प्रवेश 2021 कक्षा 1 के चयन सूची आज 23 जून, 2021 के जारी कइल गइल बा। कक्षा 1 में प्रवेश खातिर पंजीकरण 1 अप्रैल, 2021 के शुरू कइल गइल रहल ह। चयन सूची के आधिकारिक वेबसाइट kvsonlineadmission.kvs.gov.in पर देखल जा सकेला। आ चाहे ता स्कूलन के यूट्यूब चैनल पे भी देखल जा सकेला।

केंद्रीय विद्यालय संगठन ने कक्षा 1 केवी प्रवेश 2021 के चुनल गइल छात्रों के पहिला सूचि के नाम जारी करे खातिर कउनो विशेष समय के उल्लेख नइखे कइल। हालांकि, माता-पिता केंद्रीय विद्यालयों के संबंधित वेबसाइट पे जा सकेला लो आउर परिणाम की जांच करे खातिर स्कूल के आपन YouTube चैनल देख सकता लो। .

आधिकारिक वेबसाइट पे संक्षिप्त सूचना में लिखल बा कि, “कक्षा – I में प्रवेश खातिर ड्रा के नया तारीख अब 23 जून 2021 (बुधवार) के संशोधित कइल गइल बा” कक्षा 1 केवी प्रवेश 2021 के पहिला चयन सूची के आउर डाउनलोड करे के चरण नीचे दिहल गइल बा।

कक्षा १मे एडमिशन के पहिला चयन सूची: कैसे डाउनलोड कइल जा।

  1. जवना स्कूल खातिर रउवा आवेदन कइले बानी, ओकर वेबसाइट पे जाई।
  2. पहिला चयन सूची देखे खातिर ओ स्कूल के YouTube चैनल पर जाई।
  3. उदाहरण खातिर, प्रक्रिया के समझे खातिर लिंक पे क्लिक करि, कक्षा 1 के पहिला चयन सूची
  4. वैकल्पिक रूप से, रउवा लॉग इन भी क सकतानी अउर आपन लइका-लईकी के एडमिशन के स्थिति के जांच क सकतानी।
  5. भविष्य में रिकॉर्ड खातिर एगो सूची के प्रिंट भी ले ली।
1720cookie-checkKV Admission 2021: कक्षा 1 के एडमिशन के पहिला चयन सूची जारी होगईल – कइसे चेक कइल जाव। हेइजा देखीं।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.