कोलकाता दुष्कर्म कांड: भाजपा नेता कहले- ई घटना ना मानसिकता हऽ, कहले- यूपी के दू लइका चुप काहे 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2024

भाजपा सांसद आ प्रवक्ता सुधांशु त्रिवेदी कोलकाता में एगो प्रशिक्षु डॉक्टर के संगे बलात्कार अउरी हत्या के मामला के लेके कांग्रेस आ सपा पs सवाल उठवले। उ कहले कि यूपी के दुनो लइका अब काहे

Share

भाजपा सांसद आ प्रवक्ता सुधांशु त्रिवेदी कोलकाता में एगो प्रशिक्षु डॉक्टर के संगे बलात्कार अउरी हत्या के मामला के लेके कांग्रेस आ सपा पs सवाल उठवले। उ कहले कि यूपी के दुनो लइका अब काहे चुप बाड़े?

उऽ कहले कि इ कवनो घटना ना बलुक मानसिकता हऽ। कोलकाता के बलात्कार के मामला पs सपा आ कांग्रेस के नेता चुप बाड़े। सपा अपराधी के सुरक्षा देवेले। इहे कारण बा कि कन्नौज आ अयोध्या के मामला में सपा के असली चेहरा सोझा आइल बा।

उऽ कहले कि प्रियंका गांधी इ नारा देले रहली कि हम लईकी हई, हम लड़ सकऽतानी। उऽ काहे चुप बाड़ी? मुँह में दही काहे बा ? का राहुल गांधी के प्रेम के दोकान में खाली भ्रष्टाचारी बाचल बा? कांग्रेस के चुप्पी खूब बोल रहल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के शासनकाल पs उऽ कहले कि याद राखीं कि जब मुख्तार अंसारी पंजाब जेल में रहले तऽ उऽ निहोरा कइले रहले कि उनका के यूपी ना भेजल जाए।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मायावती आ अखिलेश यादव के छोड़ के सबसे लंबा समय तक मुख्यमंत्री के रूप में काम करे के रिकॉर्ड बनवले बाड़े। उ यूपी के सबसे लंबा सीएम बाड़े।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 15 अगस्त के अपना कार्यकाल के 7 साल 148 दिन पूरा कइले। योगी से पहिले कांग्रेस के पहिला मुख्यमंत्री डॉ. संपूर्णानंद सबसे लंबा समय तक एह पद प रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.