IT Raid : कोलकाता में TMC उम्मीदवार देवाशीष कुमार के ठिकानन पs IT के रेड, कार्यकर्तन के हंगामा

Share

कोलकाता। बंगाल विधानसभा चुनाव के बीच केंद्रीय जांच एजेंसी के कार्रवाई से राज्य के राजनीति गरमा गइल बा। सुक के भोर में आयकर विभाग (IT) के टीम तृणमूल कांग्रेस (TMC) के उम्मीदवार आ मवजूदा विधायक देवाशीष कुमार के कइयन गो ठिकानन पs एक संगे छापेमारी सुरू कइले बा।

जानकारी के मोताबिक, दक्षिण कोलकाता के मनोहरपुकुर रोड पs इस्थित देवाशीष कुमार के घर पs सबेरे-सबेरे आयकर अधिकारी केंद्रीय सुरक्षा बल के संगे पहुंच गइल लोग। एकरा अलावे उनकर चुनाव कार्यालय आ मोतीलाल नेहरू रोड पs इस्थित पार्टी दफ्तर पs रेड डालल गइल। छापेमारी के समय देवाशीष कुमार आपन घर पs मवजूद रहलें।

पार्टी ऑफिस में बढ़ल तनाव, ‘फाइल चोरी’ के आरोप

मोतीलाल नेहरू रोड वाला पार्टी ऑफिस में रेड के दौरान माहौल तनावपूर्ण हो गइल। टीएमसी कार्यकर्ता आरोप लगावल लाेग कि आयकर अधिकारी बिना जानकारी देलें ताला तुड़के अंदर घुस गइल लोग आ चुनाव से जुड़ल जरूरी दस्तावेज, जइसन कि BLA आ एजेंट फाइल्स के फोटोकॉपी कइल गइल।

समर्थक लोग नारेबाजी करत कहलें कि ई सब विपक्षी उम्मीदवार स्वप्न दासगुप्ता के फायदा पहुंचावे खातिर साजिश बा आ फाइल चोरी के कोसिस कइल गइल बा।

ED के रडार पs रहलें देवाशीष कुमार

बतावल जा रहल बा कि देवाशीष कुमार पहिलही से प्रवर्तन निदेशालय (ED) के नजर में रहलें। जमीन कब्जा से जुड़ल ममिला में एह महीना उनकर तीन बेर (1, 3 आ 9 अप्रिल) साल्टलेक के सीजीओ कॉम्प्लेक्स में पूछताछ खातिर बोलावल गइल रहे। ओहिजा, भाजपा एह आरोपन के बेबुनियाद बतावत खारिज कs देले बिया।

Read Also: Women Reservation Law : 2023 के महिला आरक्षण कानून लागू भइल, पीएम मोदी कहलें- नारी शक्ति मजबूत भारत के पहचान

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-