IND vs BAN T20 WC LIVE Streaming: भारत में कब आ कहां फ्री में देख सकत बानी इंडिया-बांग्लादेश के प्रैक्टिस मैच, इहां मिलेगी हर जानकारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2024

टी20 वर्ल्ड कप 2024 (T20 World Cup 2024) के आगाज में अब खाली दु दिन के समय बांचल बा। अमेरिका आ वेस्टइंडीज के सह मेजबानी में दु जून से टी20 वर्ल्ड कप खेलल जाई। एकरा

Share

टी20 वर्ल्ड कप 2024 (T20 World Cup 2024) के आगाज में अब खाली दु दिन के समय बांचल बा। अमेरिका आ वेस्टइंडीज के सह मेजबानी में दु जून से टी20 वर्ल्ड कप खेलल जाई। एकरा पहिले 27 से एक जून तक 17 देसन के बीच 16 गो प्रैक्टिस मैच खेल जा रहल बा। एक जून के भारत आपन एकमात्र प्रैक्टिस मैच बांग्लादेश के खिलाफ खेली। ई टी20 वर्ल्ड कप के आखिरी प्रैक्टिस मैच होई।

पांच जून के आयरलैंड के खिलाफ अपना टी20 वर्ल्ड कप अभियान के सुरुआत करे से पहिले भारतीय टीम आपन प्लेइंग इलेवन के सेट कइल चाही। न्यूयॉर्क में खेलल जाये वाला प्रैक्टिस मैच में भारत, बांग्लादेश के सामना करी। एकरा से भारतीय टीम के न्यूयॉर्क के पिच के अंदाजा लगावे के एगो मवका मिली। संगही रोहित के सेना के अपना तइयारियन के परखे के मवका मिली। रोहित शर्मा के अगुवाई में टीम न्यूयॉर्क पहुंच गइल बिया। हालांकि, विराट कोहली अभी तक टीम से नइखन जुड़ल।

कहां खेलल जाई टी20 वर्ल्ड कप 2024 में IND vs BAN के प्रैक्टिस मैच ?

भारत आ बांग्लादेश के बीच प्रैक्टिस मैच न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई।

कब सुरु होई टी20 वर्ल्ड कप 2024 में IND vs BAN के प्रैक्टिस मैच?

भारत आ बांग्लादेश के बीच प्रैक्टिस मैच के टॉस भारतीय समयानुसार सांझ 7:30 बजे होई आ 8:00 बजे मैच सुरू होई।

कहां देख सकत बानी टी20 वर्ल्ड कप 2024 में IND vs BAN के प्रैक्टिस मैच के ब्राडकॉस्ट आ लाइव स्ट्रीमिंग ?

भारत आ बांग्लादेश के बीच प्रैक्टिस मैच के लाइव प्रसारण रउआ स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क पs देख सकत बानी। लाइव स्ट्रीमिंग डिज्नी प्लस हॉटस्टार पs देख सकत बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.