Lassi: घर पs बनाई पंजाबी स्टाइल में शुगर फ्री लस्सी, स्वाद मिली एकदम मलाईदार

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2025

दही के सेवन सेहत खातिर बहुत फायदेमंद मानल जाला। एकर स्वाद ना खाली बढ़िया होखेला बालुक शरीर के ठंडा करे में भी मदद करेला।  एही कारण से लोग दही के बहुत सेवन करेला। अगर रउरा

Share

पंजाबी स्टाइल में शुगर फ्री लस्सी

दही के सेवन सेहत खातिर बहुत फायदेमंद मानल जाला। एकर स्वाद ना खाली बढ़िया होखेला बालुक शरीर के ठंडा करे में भी मदद करेला।  एही कारण से लोग दही के बहुत सेवन करेला। अगर रउरा घर में लस्सी बनावल चाहत बानी तs ओकरा में ढेर मेहनत करे के जरूरत ना पड़ी. आईं जानीं जा पंजाबी स्टाइल मेें शुगर फ्री लस्सी घर में कईसे बनावल जाला?

गाढ़ा लस्सी बनावे के तरीका


*सबसे पहिले काजू, पिस्ता, बादाम अवुरी खजूर के पानी में भिगो लीं। अब ओतना दही ले लीं जेतना लोग के संख्या खातिर लस्सी बनावे के बा। अगर रउवा दु लोग खातिर लस्सी बनावत बानी तs लगभग 2 कप दही ले लीं। लस्सी बनावे खातिर दही के मिक्सर में फेंट सकेनी भा अगर मथनी बा तs ओकरा से दही के भी फेंट सकेनी। मिक्सर के लगभग 10 सेकंड तक चलाईं। अगर रउआ मिक्सर के इस्तेमाल ना करे के चाहत बानी तs दही के मथनी से बढ़िया से फेंट लीं।

इहो पढ़ीं: Health: स्तन कैंसर से बचाव खातीर  कराई सही समय पs जांच, जानीं ब्रेस्ट कैंसर में कवन टेस्ट होला जरूरी

शुगर फ्री लस्सी
शुगर फ्री लस्सी

*अगर रउआ मिक्सी में दही के फेटत बानी तs 2 कप दही में आधा गिलास ठंडा पानी डाल दीं। रउरा अपना स्वाद के हिसाब से केतना गुड़ डालल जाव, तय करीं। अब भिगोवल ड्राइफ्रूट्स के बढ़िया से पीस के लस्सी में मिला लीं। 

*अब फेटल दही के गिलास में तनी ऊपर से डाली ताकि झाग बढ़िया से निकल जाव। मलाईदार झागदार लस्सी तैयार हो गईल बा। ऊपर से क्रीम डाल के ड्राइफ्रूट्स से बढ़िया से डेकोरेट कs सकेनी। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.