कच्चा आम आ लहसुन के चटपटा चटनी खाके भूला जाऐब दाल आ सब्जी के स्वाद, झटपट नोट कs लीं रेसिपी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2025

भारतीय खाना में चटनी साइड डिश के भूमिका निभावेला। बाकिर एकर स्वाद एतना गजब के बा कि एकरा तुलना में सब्जी के स्वाद भी कम हो जाला। अगर रउवा भी चटनी पसंद करेनी तs आज

Share

कच्चा आम आ लहसुन के चटपटा चटनी

भारतीय खाना में चटनी साइड डिश के भूमिका निभावेला। बाकिर एकर स्वाद एतना गजब के बा कि एकरा तुलना में सब्जी के स्वाद भी कम हो जाला। अगर रउवा भी चटनी पसंद करेनी तs आज हम रउवा खातिर आम लहसुन के स्वाद से भरल मसालेदार चटनी के रेसिपी लेके आइल बानी। अब अगर गर्मी में आम के चटनी ना खाईं तs अउरी का खाईंब। तs आज हमनी के रउवा खातिर लेके आइल बानी जा कच्चा आम आ लहसुन के चटनी के रेसिपी। ई आम लहसुन के चटनी एतना स्वादिष्ट होला कि अगर एक बेर एकर स्वाद चखब त अँगुरी चाटत रहब। त आईं जानल जाव कि ई आम आ लहसुन के चटनी के रेसिपी कइसे बनावल जाला?

ग्रीन धनिया आ लहसुन के चटनी खातिर सामग्री:

2 हरा मिर्च, एक कच्चा आम कटल, आधा कप ताजा धनिया, 9 से 10 लहसुन के लौंग, आधा चम्मच कसल अदरक, आधा चम्मच इमली के गूदा, स्वाद के हिसाब से नमक

आम आ लहसुन के चटनी कइसे बनाइ

स्टेप 1: सबसे पहिले आम के पानी से धो लीं अवुरी ओकरा बाद ओकरा के बढ़िया से छील लीं। अब आम के छोट-छोट टुकड़ा में काट के बीया फेंक दीं। एकरा बाद 9 से 10 लहसुन के लौंग के बढ़िया से छील के धनिया के पत्ता साफ कs के पानी से धो लीं। 

स्टेप 2: अगिला स्टेप में मिक्सर जार में 2 गो हरियर मिर्च, ताजा धनिया के पत्ता, आधा चम्मच कसल अदरक, लहसुन अवुरी आम के टुकड़ा अवुरी स्वाद के मुताबिक नमक डाल दीं। आ ओकरा बाद ओकरा में जरुरी मात्रा में पानी डाल के बारीक पीस लीं. ध्यान रहे कि ढेर पानी ना डाली, ना तs चटनी पातर हो जाई। तब खाना के स्वाद अईसन ना होई। एह से पानी के मात्रा कम राखीं। (अगर रउवा मिक्सर चटनी के स्वाद पसंद ना आवे तs एकरा के सिल बट्टा पs भी पीस सकेनी)

स्टेप 3: अब अगिला स्टेप में एगो कटोरी में एह चटनी के निकाल के ओकरा में भिगोवल इमली के गूदा अवुरी पानी डाल के ओकरा बाद एकरा के बढ़िया से मिला लीं। स्वादिष्ट आम लहसुन के चटनी तैयार बा। अब, एकर मजा लीं. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.