इहों के जानि, इहों के पहचानी….आजु जानल जाव गोरखपुर के उभरत गायिका अनन्या सिंह के बारे में

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2023

  उत्तर प्रदेश के गोरखपुर के रहे वाली युवा लोकगायिका अनन्या सिंह कम समय में अपना खातिर एगो अलग पहचान बना लिहले बाड़ी। उ राष्ट्रीय कत्थक संस्थान लखनऊ से गायन में बीपीए कs रहल बाड़ी।

Share

 

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर के रहे वाली युवा लोकगायिका अनन्या सिंह कम समय में अपना खातिर एगो अलग पहचान बना लिहले बाड़ी। उ राष्ट्रीय कत्थक संस्थान लखनऊ से गायन में बीपीए कs रहल बाड़ी। 2015 से लेके अब ले, विभिन्न मंच पs 400 से बेसी प्रस्तुति दे चुकल बाड़ी।

लोकगीत के साथे शास्त्रीय गीत, बॉलीवुड गीत, गजल, आ सुगम संगीत के प्रस्तुति भी करेली। अनन्या भोजपुरी गीतन के बचावे में लागल बाड़ी।

अनन्या सिंह ‘के बनी माटी के लाल’ के उपविजेता रहल बाड़ी। गोरखपुर के दीनदयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय के गायन प्रतियोगिता में लगातार तीन साल विजेता चुनल गइली। ‘बरखा बहार’ के कार्यक्रम मथुरा में भी आपन प्रस्तुति देले बानी। एकरा अलावे अनन्या के अभिनय अवुरी मॉडलिंग के शौक भी बा। फिल्म ‘बहिनियां की डोली’ में ऊ एगो गाना गवले बाड़ी । उनकर गीत अउरी कई गो फिलिमन में भी आवे वाला बा।

 

 

यायावरी वाया भोजपुरी के दु गीत “टिकुली से टिकुली” आ अभी हाले मे रिलीज भइल “बटोहिया” जवन कि यू ट्यूब पs बहुते पसंद कइल जाता ,में आपन बेहतरीन गायकी से धमाल मचा रहल बाड़ी।

 

टीवी चैनलन पs अलग अलग मउका पs आपन गीत गवले बाड़ी। एकरा अलावे अनन्या के अभिनय अवुरी मॉडलिंग के शौक भी बा। ऊ “बॉलीवुड मिस्टर एंड मिस इंडिया 2019 सीजन 3” में फाइनल में शामिल रहली आ मिस बेस्ट सिंगर के खिताब जीतले रहली।

अनन्या महुआ चैनल के रियलिटी शो ‘चल ‘बलिये सुरक्षेत्र’ में टॉप 10 में जगह बनावे में सफल रहल बाड़ी। अनन्या के उत्तर प्रदेश सरकार के ओर से सम्मानित कईल गईल बाड़ी। ग्रेटर नोएडा में रहत घरी अनन्या कई गो प्रमुख नेता लोग खातिर भी प्रचार कइले बाड़ी। कई गो बड़का नेता लोग के मौजूदगी में आपन कार्यक्रम भी देले बाड़े। एहमें प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, केंद्रीय मंत्री महेश शर्मा, राज्य मंत्री वी.के.सिंह, पंकज सिंह, शब्बीर कुमार प्रमुख बाड़े।

कुम्भ मेला प्रयागराज 2018-2019 कुम्भ मेला प्रयागराज भारदवाज मंच प्रतापगढ महोत्सव, दिपोत्सव अयोध्या, देवरिया महोत्सव, लखनऊ, महोत्सव गोरखपुर, महोत्सव कुशीनगर महोत्सव, आजमगढ़ महोत्सव, सूरज कुंड महोत्सव, (हरियाणा) आ बहुते सम्मान उनकरी झोरी में बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.