जमुई। पटना के चर्चित कोचिंग संचालक खान सर आ रौशन आनंद के बीच चल रहल विवाद पs बिहार सरकार सख्त रुख अपना लेले बिया। एह ममिला पs बिहार के शिक्षा मंत्री मिथिलेश कुमार तिवारी साफ कहले बाड़ें कि कोचिंग संस्थान खाली पढ़ाई खातिर होला, इहां लड़ाई-झगड़ा, राजनीति आ निजी वर्चस्व के लड़ाई खातिर जगह नइखे।
जमुई पहुंचल शिक्षा मंत्री कोचिंग संस्कृति में आ रहल बदलाव पs चिंता जतवलें। ऊ कहलें कि कुछ कोचिंग संचालक आपन असली मकसद माने छात्रन के बेहतर शिक्षा देवे के काम से भटक गइल बा लोग। पढ़ाई के जगह विवाद आ गुटबाजी में सामिल होखल कवनो कीमत पs स्वीकार ना कइल जाई।
कोचिंग संस्थानन के मिलल कड़ा चेतावनी
शिक्षा मंत्री कहलें कि सरकार एह पूरा ममिला के गंभीरता से ले रहल बिया। मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के निरदेस पs अइसन विवाद में सामिल लोगन के खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जा रहल बा।
ऊ चेतावनी देत कहलें कि भविष्य में जदि कवनो कोचिंग संचालक अइसन अनुचित गतिविधि में सामिल मिलल तs ओकरा खिलाफ कड़ा कानूनी आ प्रशासनिक कार्रवाई होई।
मंत्री कहलें कि शिक्षा के मंदिर के राजनीति, निजी दुश्मनी आ ताकत देखावे के अखाड़ा ना बने दिहल जाई। सरकार छात्रन के भविष्य आ हित के सुरक्षा खातिर पूरा तरे प्रतिबद्ध बिया।
कोचिंग सेंटर के काम छात्रन के भविष्य बनावल
शिक्षा मंत्री बतवलें कि बिहार सरकार राज्य के शिक्षा बेवस्था के बेहतर, पारदर्शी आ अनुशासित बनावे खातिर लगातार काम कs रहल बिया। ऊ कहलें कि कोचिंग सेंटरन के समझे के चाहीं कि ओकर मुख्य जिम्मेदारी छात्रन के भविष्य संवारल बा, ना कि कानून-बेवस्था खातिर समस्या पैदा कइल।
मंत्री भरोसा दिलवलें कि छात्रन के हित में सरकार आगहूं जरूरत पड़ला पs अइसन सख्त कदम उठावत रही। कोचिंग संस्थानन में अनुशासन आ बेहतर माहौल बनावल सरकार के प्राथमिकता बा।








