राम मंदिर के बम से उड़ाए के धमकी खालिस्तानी आतंकी पन्नू जारी कइले वीडियो, कहलस 16,17 नवंबर के होई हिंसा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

  खालिस्तानी आतंकी आ सिख फॉर जस्टिस के चीफ गुरपतवंत सिंह पन्नू फेरू जहर उगलले बाड़न. पन्नू एगो नया वीडियो जारी कs के अयोध्या के राम मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी देले बाड़े।

Share

खालिस्तानी आतंकी पन्नू

 

खालिस्तानी आतंकी आ सिख फॉर जस्टिस के चीफ गुरपतवंत सिंह पन्नू फेरू जहर उगलले बाड़न. पन्नू एगो नया वीडियो जारी कs के अयोध्या के राम मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी देले बाड़े। एहसे हिन्दू समाज में आक्रोश फइल गइल बा.

पन्नू कनाडा में भारतीय मूल के हिन्दू सांसद चंद्र आर्य के भी धमकी देले बाड़े। पन्नू वीडियो जारी करत कहले कि 16 अवुरी 17 नवंबर के अयोध्या के राम मंदिर में हिंसा होई। आतंकी पन्नू एयरपोर्ट आ फ्लाइट उड़ावे के धमकी दे चुकल बाड़े।

आतंकी पन्नू कहले कि हमनी के हिंदुत्व विचारधारा के जन्मभूमि अयोध्या के नींव हिला देब। कनाडाई सांसद चंद्र आर्या हिंदू आतंकवाद के चेहरा हउवें. रउरा नs तs कनाडा के प्रति सच्चा रहीं भा कनाडा के धरती छोड़ दीं.

हिन्दू नेता मनोज नन्हा कहले कि आतंकी पन्नू पागल हो गईल बाड़े। ओकरा इलाज के जरूरत बा। विदेश धरती पs बइठल आग उगलत बा। अगर हिम्मत बा तs भारतीय धरती पs आके बात करीं। उs युवक के लुभाव के आतंकवाद में धकेल रहल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.