KC Tyagi : केसी त्यागी के जदयू से छुट्टी! पार्टी बोलल हमनी से अब कवनो आधिकारिक नाता ना

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 10, 2026

पटना। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भारत रत्न देवे के मांग करे वाला पूर्व सांसद केसी त्यागी से जनता दल यूनाइटेड (जदयू) अब दूरी बना लेले बिया। केसी त्यागी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चिट्ठी लिख के

Share

KC Tyagi removed from JDU after Bharat Ratna demand for Nitish Kumar

पटना। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भारत रत्न देवे के मांग करे वाला पूर्व सांसद केसी त्यागी से जनता दल यूनाइटेड (जदयू) अब दूरी बना लेले बिया। केसी त्यागी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चिट्ठी लिख के कहले रहस कि नीतीश कुमार समाजवादी आंदोलन के अनमोल रतन बाड़ें आ उनकर जोगदान भारत रत्न के लायक बा। ऊ चिट्ठी में ईहो जिकिर कइले रहलें कि एकरा से पहिले जिंदा रहत कइयन गो राजनेता के भारत रत्न मिल चुकल बा।

त्यागी समाजवादी पृष्ठभूमि के उदाहरण देत स्वर्गीय चौधरी चरण सिंह आ स्वर्गीय कर्पूरी ठाकुर के नाम उठवले रहलें, जेकरा भारत रत्न नरेंद्र मोदी के कार्यकाल में मिलल। एकरा से पहिलहूं कइयन गो नेता नीतीश कुमार के भारत रत्न देवे के मांग कs चुकल बा लाेग, बाकिर ओह समय जदयू कबो खुल के प्रतिक्रिया ना देलस।

जदयू का कहलस?

जदयू के राष्ट्रीय प्रवक्ता राजीव रंजन प्रसाद सनिचर के कहलें कि हाल के दिनन में केसी त्यागी के कइयन गो बयान सामने आइल बा, बाकिर ऊ पार्टी के आधिकारिक स्टैंड एकदम नइखे। त्यागी निजी हैसियत में बयान दे रहल बाड़ें।

राजीव रंजन साफ कहलें कि पार्टी के कार्यकर्ता लोग के तs इहो पता नइखे कि केसी त्यागी अब जदयू में बाड़े कि ना। एह से उनका बयान के जदयू से जोड़ के देखल ठीक ना होई।

हालांकि, राजीव रंजन सीधा-सीधा भारत रत्न वाला मांग के जिकिर नइखन कइलें, बाकिर समय देख के अंदाजा लगावल जा रहल बा कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के ई मांग पसंद ना आइल। त्यागी के बयान सुक के आइल आ जदयू के प्रतिक्रिया सनिचर के सबेरे आ गइल।

सीमित हो गइल त्यागी के भूमिका

जदयू में केसी त्यागी के भूमिका धीरे-धीरे सिमटत चल गइल। एक समय ऊ पार्टी के राष्ट्रीय प्रधान महासचिव आ प्रमुख प्रवक्ता रह चुकल बाड़ें। बाद में जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार के टीम से उनकर महासचिव आ प्रवक्ता वाला पद छीन लिहल गइल।

अभी तक त्यागी के जदयू के सलाहकार बतावल जात रहे, बाकिर राजीव रंजन के ताजा बयान से साफ हो गइल बा कि अब पार्टी में उनकर इहो भूमिका खतम मानल जा रहल बा।

Read Also: Gorakhpur News : पत्रकार विवेक अस्थाना के परिवार के सीएम योगी देलें आर्थिक सहारा, दिल के दौरा पड़ला से भइल रहे निधन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.