Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nikhat Case: विधायक के बेगम निखत जेले के बना लेले रहली ‘घर’, 54 दिन के डेरा, 36 हाली पति से मिलली, बड़का खुलासा

चित्रकूट जेल में बंद विधायक अब्बास अंसारी से पत्नी निखत मिले खातिर जेल में 54 दिन के डेरा डलली। निखत 36 हाली जेले में पति से मुलाकात कइली। पकड़ल गइल सपा नेता रुपया के लेनदेन से लेके हर जगह मध्यस्थता करत रहे ।

913

चित्रकूट जेल में बंद विधायक अब्बास अंसारी से पत्नी निखत  मिले  खातिर जेल में 54 दिन के  डेरा डलले रही । निखत  36  हाली जेल में पति से मुलाकातो कइली।पकड़ल गइल सपा नेता रुपया के लेनदेन से लेके हर जगह मध्यस्थता करत रहे ।

Nikhat Ansari Case
Nikhat Ansari Case – फोटो : अमर उजाला
चित्रकूट जेल में बन भईल विधायक अब्बास अंसारी से नियमन के विपरीत मिले वाली ओकर  पत्नी निखत के  चित्रकूट में एक दू दिन ना  बलुक लगभग दू माह तक डेरा रहल। एह दउरान उ आ ओकर चालक नियाज  सपा नेता फराज खान के  मदद से जेल के अधिकारियन तक पईठ बनवलस।

एकर नतीजा इ रहल कि कुल 54 दिन के प्रवास में उ बेखौफ होके  36 दिन तक  विधायक पति से मिले  जेल गईल  रहली  । जेल के अधिकारियन आ  कर्मचारियन के भूमिका के जांच चल रहल बा  एह में नियमानुसार निलंबन के अलावा अउरी  कार्रवाई होई ।

सोमार के  चित्रकूटधाम मंडल के डीआईजी विपिन मिश्रा  रात के  एसपी कार्यालय में पत्रकार वार्ता कइके  बतवले कि पुलिस रिमांड में मिलल जानकारी के आधार पs सपा के जिला महासचिव के हिरासत में लिहल गईल बा । अन्य सहयोगियन  के तलाश में उ लोग के घरे छापेमारी कईल गईल बा ।

निखत आ  ओकरा  परिजन के  मदद करे  वालन के बहुत लमहर  चेन बा । एकरा तह तक जाए के कोसिस कईल जा रहल बा । एह  नेता के  जेल अधिकारियन आ  कर्मचारियन के नगदी आ  गिफ्ट देबे के अलावा हर मामिला  में मध्यस्थता के प्रमुख भूमिका बा । मकान दियावे  आ अन्य सुविधन  के अलावा रुपया  के लेनदेन, नगदी, बैंक से लेनदेन, ऑनलाइन ट्रांजेक्शन आ  लेआवे- लेजाए  के  कामो कइले  बा  |

एकरा के  स्थानीय स्तर पs मास्टर माइंड कहल जा सकत  बा । मकान मालिक से पूछताछ जारी बा । डीआईजी  बतावले कि जेल अधिकारियन आ कर्मचारियन  में केहू  फरार नइखे। सब लोग  कहीं न कहीं संबद्ध कइल गइल बा । पूछताछ खातिर एह लोगन के बोलावल गइल बा। एह लोगन के खिलाफ  कड़ेर कार्रवाई होखल  तय बा । कुल्ह  सबूत जुटावल  जा रहल बा |

पत्रकार वार्ता में एसपी वृंदा शुक्ला बतवली कि निखत आ ओकर  परिजन जिला  में 18 दिसंबर के आईल रहले । एकरा  बाद कई जगह संपर्क कइले । एह महीना  में उ जेल ना गईली  बाकिर  जनवरी माह में सेटिंग हो गईला  के बाद 25 दिन आ फरवरी महिना में 9 दिन मिले  पहुंचली।

जनवरी में पांच आ फरवरी में एक दिन उ कवनो कारण से  मिले  ना पहुंचल रहली । दस फरवरी के उ जेल में नियमन के विपरीत मिले  पहुंचला  पs कई गो  आपत्तिजनक सामग्री के संगे पकड़ल गईल रहली ।
बतवली  कि पुलिस रिमांड में कई गो  महत्वपूर्ण जानकारी मिलल बा । इंटरनेशनल कॉल आ विदेसन से संबध के जांच करावल का रहल बा । तीन गो  टीम एह मामिला के  जांच कर रहल बाड़ी सs। चित्रकूट जेल में इ सब खेल नगदी व गिफ्ट के लोभ में मिलीभगत कई के कईल गईल बा ।
466120cookie-checkNikhat Case: विधायक के बेगम निखत जेले के बना लेले रहली ‘घर’, 54 दिन के डेरा, 36 हाली पति से मिलली, बड़का खुलासा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.