कानपुर: इमारत में लागल भीषण आग में 5 लोग के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2025

कानपुर के चमनगंज थाना क्षेत्र में पांच मंजिला इमारत में भारी आग लग गईल बा। आग में 5 लोग के मउत हो गईल बा। आग के लपट पूरा इमारत के घेर लेले रहे। आग लगला

Share

कानपुर में इमारत में लागल भीषण

कानपुर के चमनगंज थाना क्षेत्र में पांच मंजिला इमारत में भारी आग लग गईल बा। आग में 5 लोग के मउत हो गईल बा। आग के लपट पूरा इमारत के घेर लेले रहे। आग लगला से भवन में मौजूद पति-पत्नी अवुरी तीन बेटी के मउत हो गईल। फायर ब्रिगेड के 50 से अधिका गाड़ी आग पs काबू पा लिहले बाड़ी सँ.

पूरा बात का बा?

कानपुर के चमनगंज थाना क्षेत्र के तहत गांधीनगर इलाका में पांच मंजिला इमारत में भारी आग लाग गईल। ई आग अतना तेज रहे कि पूरा बिल्डिंग के अपना चपेट में ले लिहलस। आग लगला के चलते इमारत में बहुत लोग फंस गईले। हड़बड़ी में फायर ब्रिगेड के सभ गाड़ी मौका पs पहुंचल अवुरी आग बुझावे के कोशिश शुरू कs देले।

आग एतना तेज रहे कि आसपास के भवन के भी खाली करा दिहल गईल। मिलल जानकारी के मुताबिक पांच मंजिला इमारत में अवैध जूता फैक्ट्री चलत रहे। हालांकि खबर लिखे के समय ले पता ना लगावल जा सकल कि आग के कारण का बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.