Vinesh Phogat के जीत पऽ Kangana Ranaut के तंज भरल पोस्ट कहली- ‘मोदी विरोध के बादजूद उनका के…’

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

भारतीय महिला पहलवान विनेश फोगाट ए घरी सोशल मीडिया पs लोकप्रिय बाड़ी। पहलवान के जीत पs भाजपा सांसद कंगना रनौत आपन प्रतिक्रिया देले बाड़ी। कुछ महीना पहिले तक सड़क पs संघर्ष करत विनेश फोगाट कुश्ती

Share

भारतीय महिला पहलवान विनेश फोगाट ए घरी सोशल मीडिया पs लोकप्रिय बाड़ी। पहलवान के जीत पs भाजपा सांसद कंगना रनौत आपन प्रतिक्रिया देले बाड़ी।

कुछ महीना पहिले तक सड़क पs संघर्ष करत विनेश फोगाट कुश्ती के ओलंपिक फाइनल में पहुंचे वाली पहिला भारतीय महिला पहलवान बन गइली। विनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक 2024 में इतिहास रचले बाड़ी। उऽ महिला 50 किलोग्राम वर्ग के सेमीफाइनल में क्यूबा के पहलवान युस्नेलिस गुजमान के हरा के फाइनल में चहुँप गइल बाड़ी। फिलहाल सोशल मीडिया पs उनका पs चर्चा होखऽता। नेता कलाकार, सभे विनेश के तारीफ कर रहल बाड़े। एही बीच भाजपा सांसद कंगना रनौत पहलवान के जीत पs आपन प्रतिक्रिया देले बाड़ी।

‘हम दुआ करऽत बानी कि भारत के पहिला सोना मिल जाव’

मंडी से अभिनेत्री आ भाजपा सांसद हिमाचल प्रदेश कंगना रनौत पहलवान विनेश फोगाट के एह बड़हन जीत पs आपन प्रतिक्रिया दिहले बाड़ी। कंगना अपना इंस्टा स्टोरी पs लिखली कि, ‘हम दुआ करऽतानी कि भारत के पहिला सोना मिल जाए।’ विनेश फोगाट एक बेर आंदोलन में भाग लेले रही, जवना में विनेश कहले रहले कि ‘मोदी तेरी कब्र खुदेगी’ एकरा बावजूद उनका देश के प्रतिनिधित्व करे के मौका मिलल। संगही, उनका सबसे बढ़िया ट्रेनिंग, कोच आ सुविधा मिलल, इहे लोकतंत्र के सुंदरता आ एगो निमन नेता के खुबसुरती हऽ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.