Kalyan Banerjee : लोकसभा में टीएमसी सांसद कल्याण बनर्जी निलंबित, अब पूरा मानसून सत्र में ना ले सकिहें हिस्सा

Kalyan Banerjee

Share

नई दिल्ली। तृणमूल कांग्रेस (TMC) के सांसद कल्याण बनर्जी के लोकसभा के बाकी पूरा मानसून सत्र खातिर निलंबित कs दिहल गइल बा। उनका पs सदन में कथित तौर पs असंसदीय भाषा के इस्तेमाल करे के आरोप लागल बा। एह कार्रवाई के बाद अब ऊ मानसून सत्र के बाकी कार्यवाही में हिस्सा ना ले सकिहें।

पूरा मानसून सत्र खातिर निलंबन के फैसला

लोकसभा के पीठासीन अधिकारी कृष्ण प्रसाद तेनेटी सदन में एलान कइलें कि कल्याण बनर्जी के टिप्पणी से सदन के गरिमा पs असर पड़ल बा। एह वजह से उनका के पूरा मानसून सत्र खातिर निलंबित करे के फैसला लिहल गइल। अब ऊ लोकसभा के कार्यवाही में सामिल ना हो सकिहें।

सूत्रन के मोताबिक, टीएमसी सांसद पs पार्टी से अलग हो चुकल सांसद काकोली घोष दस्तीदार आ सायोनी घोष खातिर कथित तौर पs अपशब्द बोले के आरोप लागल रहे। एह मामिला के गंभीर मानत कार्रवाई कइल गइल।

लोकसभा चैंबर में भइल तीखा बहस

जानकारी के मोताबिक, विपक्षी हंगामा के चलते जब लोकसभा के कार्यवाही कुछ देर खातिर स्थगित भइल, तs ओही दौरान लोकसभा चैंबर में कल्याण बनर्जी के कुछ पूर्व साथी सांसदन से तीखा बहस हो गइल।

एह बहस में नेशनलिस्ट सिटिजन्स पार्टी ऑफ इंडिया (NCPI) के सांसद शताब्दी रॉय, मिताली बाग आ काकोली घोष दस्तीदार मवजूद रहे लोग। हालांकि, बहस आखिर काहे खातिर सुरू भइल, एह बारे में अभी तक आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल।

विपक्षी सांसदन के बीच-बचाव

बहस तेज होखला के बाद विपक्ष के कुछ सांसद बीच-बचाव कइल लोग आ माहौल शांत करे के कोसिस कइल। बाद में जब कुछ सांसद कल्याण बनर्जी से घटना के बारे में पूछे के चााहल, तs ऊ लोकसभा से निकल गइलें।

एह घटना के बाद एनसीपीआई के सांसद, जेमे मिताली बाग आ काकोली घोष दस्तीदार सामिल रहे लोग, लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला से मिलल। सूत्र बतावल लोग कि स्पीकर ओम बिरला एह ममिला में लिखित शिकायत देवे के सलाह देलें।

टीएमसी छोड़ बनल रहे नया राजनीतिक मोर्चा

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में तृणमूल कांग्रेस के हार के बाद पार्टी के भीतर बगावत देखे के मिलल। रिपोर्ट के मोताबिक, टीएमसी के करीब 20 सांसद पार्टी नेतृत्व से नाराज होके नेशनलिस्ट सिटिजन्स पार्टी ऑफ इंडिया (NCPI) में सामिल हो गइल रहे लोग।

एह बदलाव के बाद लोकसभा में ई सांसद टीएमसी से अलग बइठल सुरू कs दिहल। मवजूदा विवाद के पृष्ठभूमियो ओही राजनीतिक मतभेद से जोड़ के देखल जा रहल बा।

Read Also: Delhi Metro : दिल्ली मेट्रो के 16 गो स्टेशन अगिला आदेस तक बंद, सुरक्षा के चलते DMRC के बड़ फैसला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-