[the_ad_group id="30365"]

Delhi Metro : दिल्ली मेट्रो के 16 गो स्टेशन अगिला आदेस तक बंद, सुरक्षा के चलते DMRC के बड़ फैसला

Delhi Metro stations closed due to security concerns following protests near Jantar Mantar and Connaught Place
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली में जंतर-मंतर आ कनॉट प्लेस इलाका में भइल बवाल के बाद दिल्ली मेट्रो रेल कॉरपोरेशन (DMRC) बड़ फैसला लेले बा। सुरक्षा के मद्देनजर दिल्ली मेट्रो के 16 गो स्टेशन अगिला आदेस तक बंद कs दिहल गइल बा। हालांकि राजीव चौक आ केंद्रीय सचिवालय (Central Secretariat) स्टेशन पs इंटरचेंज सुविधा पहिले जइसने जारी रही।

जंतर-मंतर प्रदर्शन के बाद बढ़ल सुरक्षा

सोमार के संसद कूच के दौरान भइल प्रदर्शन में जमके हंगामा भइल रहे। ओकरा बाद मंगर के रातो में जंतर-मंतर आ कनॉट प्लेस इलाका में उपद्रव के खबर सामने आइल। एह घटना के बाद दिल्ली पुलिस सुरक्षा बेवस्था कड़ा कs देले बिया आ उपद्रव फइलावे वाला लोग पs कार्रवाई के तइयारी में जुटल बा। एह इस्थिति के देखत DMRC सुरक्षा कारण बतावत 16 गो मेट्रो स्टेशन बंद करे के फैसला लेलस।

ई 16 गो मेट्रो स्टेशन बंद रही

सुरक्षा कारण से फिलहाल एह मेट्रो स्टेशनन पs यात्री सेवा बंद कर दिहल गइल बा-

  • लोक कल्याण मार्ग
  • राजीव चौक
  • पटेल चौक
  • रामकृष्ण आश्रम मार्ग
  • बाराखंभा रोड
  • सुप्रीम कोर्ट
  • सेवा तीर्थ
  • जनपथ
  • मंडी हाउस
  • केंद्रीय सचिवालय
  • आईटीओ
  • दिल्ली गेट
  • इंद्रप्रस्थ
  • खान मार्केट
  • जोर बाग
  • शिवाजी स्टेडियम

हालांकि राजीव चौक आ केंद्रीय सचिवालय स्टेशन पs इंटरचेंज सुविधा जारी रही, बाकिर यात्री स्टेशन से बाहर ना निकल सकी लोग।

मेट्रो स्टेशन पs बढ़ावल गइल सुरक्षा

दिल्ली पुलिस आ CRPF के जवानन के प्रमुख मेट्रो स्टेशन आ संसद जाये वाला रास्ता पs तैनात कइल गइल बा। खास कs के राजीव चौक, केंद्रीय सचिवालय, पटेल चौक आ बाराखंभा रोड मेट्रो स्टेशन पs सुरक्षा बल लगातार निगरानी करत बा लो। मेट्रो स्टेशन के बाहर पुलिस एह बात पs नजर रखले बिया कि जंतर-मंतर जाये वाला लोगन के संख्या केतना बा।

अगिला आदेस तक लागू रही बेवस्था

DMRC साफ कइले बा कि ई फैसला सुरक्षा कारण से लिहल गइल बा। हालात सामान्य होखला के बादे मेट्रो स्टेशनन के दोबारा खोलल जाई। यात्रियन से अपील कइल गइल बा कि सफर करे से पहिले मेट्रो सेवा के ताजा अपडेट जरूर देख लीं।

Read Also: Palamu : सब्जी बेचके लवटत बाप-बेटा पs गिरल आकाशीय बिजली, घर से 200 मीटर पहिले मौत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]