‘कच्चा बादाम’ के बाद ‘काला अंगूर’ गाना

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2022

‘कच्चा बादाम’ गाने के बाद अब ‘काला अंगूर’ गाना सोशल मीडिया पs गर्दा उड़ा देहले बाने। पिछले दिन एगो चचा ‘कच्चा अमरूद’ गाना गावत सोशल मीडिया पs वायरल भइल रहने। अब उहे चचा ‘काला अंगूर’

Share

‘कच्चा बादाम’ गाने के बाद अब ‘काला अंगूर’ गाना सोशल मीडिया पs गर्दा उड़ा देहले बाने। पिछले दिन एगो चचा ‘कच्चा अमरूद’ गाना गावत सोशल मीडिया पs वायरल भइल रहने।

अब उहे चचा ‘काला अंगूर’ ले के आइल बाने। बता देई कि चचा सड़क पs घूम-घू के गाना गावत फल बेचते बाने। पिछले दिनों जब उनके ‘कच्चा अमरूद’ गाना वायरल भइल रहे त ऊ एगो म्यूज़िक वीडियो में आपन जलवा बिखेरत नजर आइल रहने।

 

‘काला अंगूर’ गाने ने इंटरनेट पs मचाया धमाल

अब उहे ‘चचा’ ठेले पs बैठके ‘काला अंगूर’ बेचत नजर आ रहल बाने अउर ओपर गाना गावत नजर आ रहल बाने। सोशल मीडिया पs एह वीडियो के सामने अइले के बाद लोग एके जमके देख अउर पसंद क रहल बा।

उहवें कुछ लोग के कहनाम बा कि अब त हद हो गइल बा। लोग कह रहल बाने कि इंटरनेट पs कुछऊ वायरल हो रहल बा। काला अंगूर गाना सुनके सोशल मीडिया पs लोग तरह-तरह के रिएक्शन दे रहल बाने।

वायरल वीडियो जौने तरह से देखल जा रहल बा, ओके देखके लोग कह रहल बाने कि जौने तरे ‘कच्चा बादाम’ अउर ‘कच्चा अमरूद’ गाना इंटरनेट पs धूम मचवले रहल, ओही राह पs अब ‘काला अंगूर’ भी बा।

ई सोशल मीडिया यूजर्स के आपन दीवाना बनावल शुरू कs देहले बा। वीडियो में आप देख सकत बानी कि ठेला पs बइठल ‘चचा’ चाय के चुस्की लेत ‘काला अंगूर’ गावत नजर आ रहल बाने। वीडियो देखके कई लोग हंसे खातिर मजबूर हो रहल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.