नई दिल्ली। कलवकुंतला कविता तेलंगाना में आपन नया राजनीतिक पार्टी ‘तेलंगाना राष्ट्र सेना (TRS)’ के गठन कइले बाड़ी। एह डेग से ऊ आपन पिता के चंद्रशेखर राव (KCR) के पार्टी भारत राष्ट्र समिति (BRS) से पूरा तरे अलग हो गइल बाड़ी।
के कविता मेडचल जिला के मुनीराबाद में बड़ भीड़ के बीच पार्टी के नाम, झंडा आ एजेंडा के ऐलान कइली। सूत्र बतावत बा कि ऊ ‘TRS’ नाम के बनवले राखल चाहत रहली, काहे कि ई नाम तेलंगाना के पहचान आ संघर्ष से जुड़ल बा।
50 हजार से जादे समर्थक लोग जुटल
कार्यक्रम में तेलंगाना के 33 जिला से करीब 50 हजार समर्थक लोग सामिल भइल। ई आयोजन 20 एकड़ के बड़ा मैदान में भइल, जवन तेलंगाना आंदोलन के प्रमुख नेता प्रो. के. जयशंकर के नाम पs रखल गइल रहे।
NGO से राजनीति तक के सफर
कविता आपन NGO ‘तेलंगाना जागृति’ से जुड़ल बाड़ी, जवन अलग तेलंगाना राज्य बनावे के आंदोलन में सक्रिय रहे। पहिले अटकल लगावल जात रहे कि एही NGO के पार्टी में बदले के योजना बा, बाकिर टीआरएस के ऐलान से अब इस्थिति साफ हो गइल बा।
‘टीआरएस’ नाम से साफ सनेस
‘टीआरएस’ नाम के बरकरार रख के कविता साफ संकेत देली कि ऊ तेलंगाना के ओह राजनीतिक विरासत के आगे बढ़ावे चाहत बाड़ी, जवन उनकर पिता बनवले रहस। गौर करे वाली बात बा कि मूल पार्टी तेलंगाना राष्ट्र समिति (TRS) के नाम 2022 में बदल के बीआरएस कs दिहल गइल रहे।
पहिलही दे चुकली बाड़ी इस्तीफा
पार्टी विरोधी गतिविधि के आरोप के बाद कविता तीन सितंबर 2025 के बीआरएस आ अपना एमएलसी पद से इस्तीफा दे चुकली बाड़ी। अब नया पार्टी बना के ऊ तेलंगाना के राजनीति में नया समीकरण बनावे के तइयारी में बाड़ी।
Read Also: US-Iran Talk : इस्लामाबाद में आज दुसरका दौर, का बन पाई सहमति?








