जस्टिस वर्मा कैश कांड: जज वकीलन से लिहले सलाह, एने SHO सहित 8 पुलिसकर्मियन के मोबाइल जब्त

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2025

जस्टिस यशवंत वर्मा के घर पs नोट जरावे के मामला में दिल्ली पुलिस तुगलक रोड थाना के एसएचओ समेत 8 पुलिसकर्मी के मोबाइल जब्त कs लेले बिया। तुगलक रोड थाना के थाना के थानाध्यक्ष उमेश

Share

जस्टिस यशवंत वर्मा

जस्टिस यशवंत वर्मा के घर पs नोट जरावे के मामला में दिल्ली पुलिस तुगलक रोड थाना के एसएचओ समेत 8 पुलिसकर्मी के मोबाइल जब्त कs लेले बिया। तुगलक रोड थाना के थाना के थानाध्यक्ष उमेश मलिक, जांच अधिकारी हवलदार रूपचंद, उपनिरीक्षक रजनीश, मोबाइल बाइक गश्त से मौका पs पहुंचल थाना के दु पुलिसकर्मी अवुरी तीन पीसीआर जवान के फोन जब्त कs लिहल बा। पुलिसकर्मी के मोबाइल जब्त कs के फोरेंसिक जांच खातीर भेज दिहल गईल बा।

दरअसल अब इs पता लगावे के कोशिश कईल जाता कि आग लगला के दौरान मौका पs पहुंचला पs एs पुलिसकर्मी के मोबाइल से कवनो वीडियो बनल रहे कि ना अवुरी वीडियो बनल रहे तs के एकरा से कवनो प्रकार से छेड़छाड़ भईल रहे। एकरा अलावे दिल्ली पुलिस एs सभ पुलिसकर्मी के बयान भी दर्ज कs लेले बिया। बता दीं कि आग अतना तेज रहे कि एकर अंदाजा एह बात से लगावल जा सकेला कि जवना कमरा में आग लागल रहे ओकर देवाल में दरार आ गइल बा.

एही बीच जस्टिस यशवंत वर्मा दिल्ली में अपना आवास पs चार वरिष्ठ वकील से सलाह लिहले। सुप्रीम कोर्ट के बनावल तीन सदस्यीय समिति एह नकदी कांड के जाँच करत बिया आ जस्टिस वर्मा के ओह समिति के सोझा आपन सफाई पेश करे के पड़ी.

इहो पढ़ीं: ‘हमके लोकसभा में बोले नइखे दिहल जात’, कांग्रेस नेता राहुल गांधी लगवले बड़ आरोप


खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.