Pakistan Attack : ‘डबल अटैक’ से दहलल पाकिस्तान! धमाका में तीन लोगन के मौत, गोलीबारी जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2025

नई दिल्ली। पाकिस्तान से एगो बड़ खबर निकल के सामने आ रहल बा। सोमार के पाकिस्तान के उत्तर-पश्चिम शहर पेशावर में बंदूकधारी एगो पैरा मिलिट्री फोर्स के हेडक्वार्टर पs हमला कs देलें सs। रॉयटर्स के

Share

Security forces surround Frontier Constabulary headquarters after double attack in Peshawar, Pakistan

नई दिल्ली। पाकिस्तान से एगो बड़ खबर निकल के सामने आ रहल बा। सोमार के पाकिस्तान के उत्तर-पश्चिम शहर पेशावर में बंदूकधारी एगो पैरा मिलिट्री फोर्स के हेडक्वार्टर पs हमला कs देलें सs। रॉयटर्स के रिपोर्ट अनुसार, फ्रंटियर कॉन्स्टेबुलरी पैरामिलिट्री फोर्स के हेडक्वार्टर पs दूगो सुसाइड बॉम्बर हमला कइलें सs, जवना में तीन लोगन के मौत हो गइल।

एगो मीडिया रिर्पोट के अनुसार, एगो सीनियर अधिकारी नाम ना बतावे के शर्त पs बतवलस, “पहिला सुसाइड बॉम्बर कॉन्स्टेबुलरी के मेन गेट पs हमला कइलस, आ दूसरका कंपाउंड के भीतर घुस गइल।”

एह समय आर्मी, पुलिस आ बाकी लॉ एनफोर्समेंट एजेंसी पूरा इलाका के घेर लेले बाड़ी सs। हालात काबू में करे के कोसिस जारी बा, काहे कि शक बा कि हेडक्वार्टर के अंदर अभियो कुछ आतंकवादी मौजूद हो सकेलें सs।

बता दीं कि पैरामिलिट्री फोर्स के हेडक्वार्टर भीड़-भाड़ वाला इलाका में बा। इलाका के रहनिहार, सफदर खान रॉयटर्स से कहलें, “आर्मी, पुलिस आ सिक्योरिटी वाला लोग सड़क के ट्रैफिक खातिर बंद कs देले बा आ पूरा इलाका घेर लेले बा।”

Read Also: 24 नवंबर 2025 के राशिफल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.