आज देश के नया मुख्य न्यायाधीश बनिहें जस्टिस संजीव खन्ना, राष्ट्रपति भवन में लीहें पद के शपथ

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2024

  आज देश के इतिहास में बहुत महत्वपूर्ण दिन होखे वाला बा। आज देश के नया मुख्य न्यायाधीश मिले वाला बा। आज जस्टिस संजीव खन्ना देश के 51वां मुख्य न्यायाधीश के रूप में शपथ लीहे।

Share

संजीव खन्ना

 

आज देश के इतिहास में बहुत महत्वपूर्ण दिन होखे वाला बा। आज देश के नया मुख्य न्यायाधीश मिले वाला बा। आज जस्टिस संजीव खन्ना देश के 51वां मुख्य न्यायाधीश के रूप में शपथ लीहे। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सबेरे दस बजे राष्ट्रपति भवन में उनुका के 51वां सीजेआई के रूप में पद अवुरी गोपनीयता के शपथ दिवइहें। बता दीं कि जस्टिस डी वाई चंद्रचूड़ के जगह जस्टिस संजीव खन्ना लीहें. जस्टिस चंद्रचूड अतवार के दिने रिटायर हो गइलन.

कार्यकाल कब ले रहीं?

जस्टिस खन्ना के कार्यकाल 13 मई 2025 ले चली। जनवरी 2019 से सुप्रीम कोर्ट के जज के रूप में काम करेवाला जस्टिस संजीव खन्ना बहुत बड़ मामला के सुनवाई कईले बाड़े। जस्टिस खन्ना ईवीएम के विश्वसनीयता बनवले राखे, चुनावी बांड योजना के रद्द करे, अनुच्छेद 370 हटावे आ दिल्ली के मुख्यमंत्री रहल अरविंद केजरीवाल के अंतरिम जमानत देबे जइसन बहुते महत्वपूर्ण फैसला के हिस्सा रहल बाड़न.

जस्टिस संजीव खन्ना के हवें?

जस्टिस संजीव खन्ना के जनम 14 मई 1960 के भइल रहे। साल 1983 में दिल्ली बार काउंसिल में अधिवक्ता के रूप में पंजीकृत भईल रहे। साल 2004 में दिल्ली खातिर स्थायी वकील के रूप में नियुक्ति भइल। साल 2005 में दिल्ली हाईकोर्ट के अपर न्यायाधीश बनले आ 2006 में स्थायी न्यायाधीश बनले.

एकरा बाद 18 जनवरी 2019 के सुप्रीम कोर्ट के जज के पद पs प्रोमोट भईले। उनकर रिटायरमेंट 13 मई 2025 के बा।

बता दीं कि जस्टिस संजीव खन्ना दिल्ली के एगो प्रतिष्ठित परिवार के हवें। उ दिल्ली हाईकोर्ट के पूर्व जज जस्टिस देव राज खन्ना के बेटा अवुरी सुप्रीम कोर्ट के पूर्व जज एच आर खन्ना के भतीजा हवे। उs लंबित मामला के कम करे अवुरी न्याय देवे में तेजी ले आवे पs जोर देत आईल बाड़े।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.