संजीव खन्ना हो सकेलें अगिला चीफ जस्टिस, CJI चंद्रचूड़ कइले सिफारिश

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

  सीजेआई जस्टिस डीवाई चंद्रचूड 10 नवंबर के रिटायर हो जइहें. एकरा से पहिले उs सुप्रीम कोर्ट के सबसे वरिष्ठ न्यायाधीश न्यायमूर्ति संजीव खन्ना के अगिला मुख्य न्यायाधीश के रूप में नियुक्ति खातीर अपना उत्तराधिकारी

Share

जस्टिस डी वाई चंद्रचूड़

 

सीजेआई जस्टिस डीवाई चंद्रचूड 10 नवंबर के रिटायर हो जइहें. एकरा से पहिले उs सुप्रीम कोर्ट के सबसे वरिष्ठ न्यायाधीश न्यायमूर्ति संजीव खन्ना के अगिला मुख्य न्यायाधीश के रूप में नियुक्ति खातीर अपना उत्तराधिकारी के रूप में सिफारिश कईले बाड़े।

सरकार पछिला शुक के सीजेआई के लिखके पत्र मेमोरेंडम ऑफ प्रोसीजर के मुताबिक आपन सिफारिश भेजे के कहले रहे। बता दीं कि सीजेआई डीवाई चंद्रचूड 10 नवंबर के रिटायर होखे वाला बाड़े, बाकिर उनुकर लास्ट वर्किंग-डे 8 नवंबर (शुक) के होई। उs 10 नवंबर 2022 के प्रभार संभालले रहले।

जस्टिस संजीव खन्ना अगिला साल मई ले मुख्य न्यायाधीश के रूप में देश के सर्वोच्च न्यायपालिका के नेतृत्व करीहें.  जस्टिस खन्ना के मुख्य न्यायाधीश के रूप में कार्यकाल मात्र 6 महीना के होई। जस्टिस संजीव खन्ना 13 मई 2025 के रिटायर हो जइहें.

जस्टिस संजीव खन्ना के जनम 14 मई 1960 के भइल रहे. 1983 में दिल्ली बार काउंसिल में एडवोकेट के रूप में दाखिला भईल रहे। 2004 में दिल्ली के राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र खातिर स्थायी वकील (सिविल) के रूप में नियुक्ति भइल। उs दिल्ली हाईकोर्ट में कई गो आपराधिक मामला में अपर लोक अभियोजक अवुरी एमिकस क्यूरी के रूप में भी पेश भईले अवुरी बहस कईले। साल 2005 में दिल्ली हाईकोर्ट के अपर जज के रूप में प्रोमोट भइलें आ साल 2006 में स्थायी जज बनावल गइलें।

सुप्रीम कोर्ट के आधिकारिक वेबसाइट के मुताबिक, जस्टिस संजीव खन्ना के 18 जनवरी 2019 के भारत के सुप्रीम कोर्ट के सर्वोच्च न्यायालय दिहल गईल। 17 जून 2023 से 25 दिसंबर 2023 तक उs सुप्रीम कोर्ट के कानूनी सेवा समिति के अध्यक्ष के पद भी रहले। वर्तमान में राष्ट्रीय विधिक सेवा प्राधिकरण के कार्यकारी अध्यक्ष आ राष्ट्रीय न्यायिक अकादमी, भोपाल के शासी परामर्शदाता के सदस्य बाड़े.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.