कोडरमा। JPSC आ JSSC के नियुक्ति परीक्षा में कथित धांधली के ममिला में CID के जांच के दायरा अब कोडरमा तक पहुंच गइल बा।
बियफे के देर रात कोडरमा पहुंचल CID के दूगो अलग-अलग टीम छापेमारी कs के दूगो जुवक के गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तार जुवकन के पहचान कोडरमा थाना क्षेत्र के पूर्णानगर निवासी संदीप कुमार आ डोमचांच थाना क्षेत्र के गोलवढाब निवासी राजेश प्रसाद यादव के रूप में भइल बा। दुनो के पूछताछ खातिर CID अपना संगे रांची ले गइल बिया।
मिलल जानकारी के मोताबिक, JSSC-CGL परीक्षा में कथित धांधली के ममिला में पहिले से गिरफ्तार आरोपियन आ बिचौलियन से पूछताछ के दौरान कोडरमा के एह दुनो जुवकन के नाम सामने आइल रहे। एकरा बाद CID दुनो के ठिकाना पs कार्रवाई कइलस।
बतावल जा रहल बा कि संदीप कुमार आ राजेश यादव आपस में संघतिया हs लो आ परीक्षा में सेटिंग करावे के नाम पs मध्यस्थ के भूमिका निभावत रहे लोग। राजेश प्रसाद यादव के एगो यूट्यूब चैनल चलावे के जानकारी सामने आइल बा। ओहिजा संदीप कुमार के एगो ट्रस्ट चलावे के बात कहल जा रहल बा।
जांच एजेंसी के मोताबिक, दुनो जुवकन के कथित परीक्षा सिंडिकेट से जुड़ल लोगन के संगे संपर्क रहे। हालांकि, धांधली में दुनो के भूमिका का रहे आ कथित तौर पs ऊ लोग एह ममिला में केतना सामिल रहे, ई सीआईडी के पूछताछ के बादे साफ हो पाई।
सीआईडी के एह कार्रवाई के बाद नियुक्ति परीक्षा में कथित धांधली के ममिला से कोडरमा के जुड़ल नेटवर्क के लेके चरचा तेज हो गइल बा। जांच एजेंसी दुनो जुवकन से पूछताछ कs के परीक्षा में कथित सेटिंग, बिचौलियन के नेटवर्क आ दोसरा आरोपियन से ओकनी के संपर्क के बारे में जानकारी जुटा रहल बा।






