John Cena Retirement: दिग्गज रेसलर जॉन सीना WWE से संन्यास के घोषणा कइलें, जानी कब आ कहां खेलिहें आखिरी मैच

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 7, 2024

वर्ल्ड रेसलिंग एंटरटेनमेंट (WWE) के दिग्गज रेसलर जॉन सीना अपना लीजेंड्री करिअर के जल्दिये अंत करे जा रहल बा। WWE के सोशल मीडिया अकाउंट पs पोस्ट कइल गइल एगो वीडियो में जॉन सीना इन-रिंग प्रतियोगिता

Share

वर्ल्ड रेसलिंग एंटरटेनमेंट (WWE) के दिग्गज रेसलर जॉन सीना अपना लीजेंड्री करिअर के जल्दिये अंत करे जा रहल बा। WWE के सोशल मीडिया अकाउंट पs पोस्ट कइल गइल एगो वीडियो में जॉन सीना इन-रिंग प्रतियोगिता से संन्यास के घोषणा कइले बाड़ें। ऊ 2025 में WWE के अलविदा कहिहें।


जॉन सीना कनाडा के टोरंटो में ‘डब्ल्यूडब्ल्यूई मनी इन द बैंक’ शो में लवटलें। ऊ सब फैंस को चउकावत अचानक एंट्री कइलें। एकरा बाद ऊ कहलें, ‘आज रात हम आधिकारिक तौर पs WWE से अपना रिटायरमेंट के घोषणा कs रहल बानी।’ जॉन सीना के ई घोषणा उनका के प्रशंसकन के दुखी कs देले बा। एगो सोशल मीडिया यूजर कमेंट कइलस, रउआ के इयाद करेम सs चैंपियन।’ एगो आउर प्रशंसक लिखलस- सीना के बिना डब्ल्यूडब्ल्यूई देखल मुश्किल होई।

सीना खुलासा कइलें कि ऊ फिलहाल ‘मंडे नाइट रॉ’ में बनल रहे के योजना बना रहल बाड़ें। दरअसल, ‘मंडे नाइट रॉ’ शो जनवरी 2025 में नेटफ्लिक्स पs लॉन्च होखे जा रहल बा। सीना कहलें- हम आज संन्यास ना लेम। ई विदाई, आज रात खतम नइखे होत।

 

ऊ कहलें, ‘हर केहू मंडे नाइट रॉ के अगिला साल इतिहास बनावत देखल चाहत बा। जब ई शो नेटफ्लिक्स पs आई तs इतिहास रचल जाई। हम कबो नेटफ्लिक्स पs रॉ के हिस्सा नइखी रहल, ई इतिहास हs। ई पहिला बेर हs आ हम उहां रहेम, ओह इतिहास के गवाह बनेम।’

सीना कहलें- 2025 रॉयल रंबल हमार आखिरी होई। 2025 एलिमिनेशन चैंबर हमार आखिरी होई आ हम आज रात इहां ई घोषणा करे खातिर बानी कि लास वेगास में रेसलमेनिया 2025 हमार आखिरी रेसलमेनिया होई, जेमे हम मुकाबला करेम।

सीना 2001 में WWE के संगे कॉन्ट्रैक्ट साइन कइलें आ ओकरा बाद लगातार सफलता के सीढ़ी चढ़त गइलें। सुरुआत में उनकर आ कर्ट एंगल के फ्यूड बहुते चरचा में रहल रहे। कर्ट ओलंपिक में गोल्ड मेडलिस्ट हवे। 2018 में ऊ WWE से दूर हो गइलें आ कबो-कबो लकत रहलें।

ऊ अपना अभिनय करियर के आगे बढ़ावे खातिर एकरा के किनारा कs लेलस। ऊ रिकॉर्ड 16 बेर के WWE विश्व चैंपियन हवे। हाले में जॉन सीना फास्ट एंड फ्यूरियस, बार्बी जइसन कइयन सुपरहिट फिल्मन में नजर आ चुकल बाडें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.