AIIMS में बिना लिखित परीक्षा के नौकरी के मौका, बस करे के होई ई काम, बढ़िया मिली सैलरी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

Sarkari Naukri 2024 AIIMS Recruitment 2024: अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (AIIMS) में नौकरी (Govt Jobs) पावे के एगो बेहतरीन अवसर बा ।उम्मीदवार जे भी एह पदन पs अप्लाई करे के सोच रहल बाड़े , ऊ

Share

Sarkari Naukri 2024 AIIMS Recruitment 2024: अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (AIIMS) में नौकरी (Govt Jobs) पावे के एगो बेहतरीन अवसर बा ।उम्मीदवार जे भी एह पदन पs अप्लाई करे के सोच रहल बाड़े , ऊ देवल गइल बातन के गौर से पढ़ी।

AIIMS Recruitment 2024: अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (AIIMS) में नौकरी (Sarkari Naukri) पावे के सपना देख रहल उम्मीदवारन खातिर बढ़िया मौका बा। एम्स ऋषिकेश ने कम्युनिटी हेल्थ वर्कर खातिर आवेदन मांगले बा। इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार जे भी एह पदन खातिर आवेदन करे के मन बना रहल बाड़े, ऊ एम्स ऋषिकेश के आधिकारिक वेबसाइट aiimsrishikesh.edu.in पs जाकर अप्लाई कs सकतारे। एकरे खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो चुकल बा।

एम्स भर्ती के जरिए कुल 12 पदन पs भर्ति कइल जाई। जदी रउवा भी एह पदन पs नौकरी करे के सोच रहल बानी तs 11 अगस्त ले चाहे ओकरा से पहले अप्लाई कs सकत बानी । उम्मीदवारन के पोस्टिंग लोकेशन मुनस्यारी ब्लॉक (पिथौरागढ़ जिला, उत्तराखंड) में होई । जे भी उम्मीदवार एह पदन खातिर आवेदन कर रहलबाड़े, ऊ सबसे पहले नीचे देवल गइल एह बातन के ध्यान से पढ़ी

एम्स में भरल जाए वाला पद

कम्युनिटी हेल्थ वर्कर- 12 पद

एम्स में नौकरी पावे के आयु सीमा

एम्स ऋषिकेश भर्ती 2024 के तहत जो भी एह पदन खातिर आवेदन करे के सोच रहल बा, ऊ उम्मीदवारन के अधिकतम आयु सीमा 35 वर्ष होखे के चाही। तबे ऊ आवेदन करे खातिर योग्य मानल जइहे।

एम्स में नौकरी पावे के योग्यता

जो भी उम्मीदवार एम्स के एह भर्ती खातिर आवेदन करे के विचार कs रहल बाड़े, ओकरा लगे आधिकारिक नोटिफिकेशन में देवल गइल संबंधित योग्यता होखे के चाही।

एम्स में चयन होखे पs मिली सैलरी

जवन कोई भी उम्मीदवार के चयन एम्स ऋषिकेश में होखता, उन्करा सैलरी के तौर पs 15000 रुपये मासिक सैलरी आ 3000/ यात्रा व्यय यानी 18000 रुपयेhttps://aiimsrishikesh.edu.in/a1_1/ प्रति माह भुगतान क़इल जाई। इहवा देखी आवेदन लिंक आ नोटिफिकेशनAIIMS Recruitment 2024 के अप्लाई करे के लिंकAIIMS Recruitment 2024 नोटिफिकेशन

एम्स ऋषिकेश में अइसे होई सेलेक्शन

आधिकारिक नोटिफिकेशन के अनुसार उम्मीदवारन के चयन वॉक-इन इंटरव्यू के आधार पs कइल जाइ । उम्मीदवारन से अनुरोध बा कि ऊ इंटरव्यू के समय आवश्यक डॉक्यूमेंट्स के संगे आपन विधिवत भरल आवेदन फॉर्म लेके आई।

दिनांक: 11-08-2024रिपोर्टिंग समय: सुबह 9:00 बजे स्थल: हीरा देवी भट्ट विवेकानंद विद्या मंदिर इंटर कॉलेज,

मुनस्यारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.