Jio SpaceX Deal: एयरटेल के बाद जियो-स्पेसएक्स में समझौता, भारत में स्टारलिंक हाई-स्पीड इंटरनेट ले आवे के तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 12, 2025

रिलायंस जियो भारत में स्टारलिंक हाई-स्पीड सैटेलाइट इंटरनेट ले आवे खातिर एलन मस्क के स्पेसएक्स के संगे करार कइले बा। एकरा माध्यम से स्टारलिंक (Starlink) सैटेलाइट इंटरनेट के भारत में ले आवे के तइयारी बा।

Share

Jio SpaceX Deal: एयरटेल के बाद जियो-स्पेसएक्स में समझौता, भारत में स्टारलिंक हाई-स्पीड इंटरनेट ले आवे के तइयारी

रिलायंस जियो भारत में स्टारलिंक हाई-स्पीड सैटेलाइट इंटरनेट ले आवे खातिर एलन मस्क के स्पेसएक्स के संगे करार कइले बा। एकरा माध्यम से स्टारलिंक (Starlink) सैटेलाइट इंटरनेट के भारत में ले आवे के तइयारी बा। हालांकि, एह समझौता के तबे अमली जामा पहनावल जा सकत बा, जब स्पेसएक्स के केंद्र सरकार से भारत में स्टारलिंक के सेवा उपलब्ध करावे के मंजूरी दिहल जाई। एकरा पहिले मंगर के एयरटेल स्पेसएक्स (SpaceX) के संगे अइसने समझौता कइले रहे।

नेटवर्क के बेहतर बनावे में मददगार

JIO एगो प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से बतवलें कि जियो प्लेटफॉर्म्स लिमिटेड (JPL) भारत में अपना ग्राहकन के स्टारलिंक के ब्रॉडबैंड इंटरनेट सेवा मुहैया करावे खातिर स्पेसएक्स के संगे एगो समझौता के घोषणा कइले बा। ई समझौता स्पेसएक्स के भारत में स्टारलिंक बेचे खातिर आपन खुद के प्राधिकरण प्राप्त कइला के अधीन बा। ई समझौता जियो आ स्पेसएक्स के ई पता लगावे में सक्षम बनावत बा कि स्टारलिंक जियो के पेशकशन के कइसे आगे बढ़ा सकत बा। एकरा से इहो पता लागी कि स्पेसएक्स के पेशकशन के जियो उपभोक्तन आ बेवसायन के अनुकूल बनावल जा सकत बा।

ग्रामीण आ दूरदराज के इलाकन में इंटरनेट सेवा पहुंचावे में मदद मिली

बयान में कहल गइल कि जियो अपना रिटेल आउटलेट्स के संगे-संगे आपन ऑनलाइन स्टोरफ्रंट के माध्यमो से स्टारलिंक सॉल्यूशन उपलब्ध कराई। एह समझौता के माध्यम दुनो पक्ष डेटा ट्रैफिक के ममिला में दुनिया के सबसे बड़ मोबाइल ऑपरेटर के रूप में जियो आ दुनिया के अग्रणी लो अर्थ ऑर्बिट सैटेलाइट कॉन्स्टेलेशन ऑपरेटर के रूप में स्टारलिंक भारत के सबसे ग्रामीण आ दूरदराज के इलाकन समेत पूरा देस में विश्वसनीय ब्रॉडबैंड सेवा देवे खातिर काम करी।

Read Also: 12 मार्च 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.