25 के उमिर में एक्ट्रेस के मउत, कुछ फिलिम कs बॉलीवुड में कमईली शोहरत

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2024

  ‘निशब्द’ आ ‘गजिनी’ जइसन फिलिमन से लाइमलाइट में अइली नइ खान महज 25 बरीस के उमिर में 3 जून 2013 के आत्महत्या कs लिहले रहुवे. अभिनेत्री के आत्महत्या के दुखद खबर सुन के फिल्म

Share

 

‘निशब्द’ आ ‘गजिनी’ जइसन फिलिमन से लाइमलाइट में अइली नइ खान महज 25 बरीस के उमिर में 3 जून 2013 के आत्महत्या कs लिहले रहुवे. अभिनेत्री के आत्महत्या के दुखद खबर सुन के फिल्म इंडस्ट्री चौंक गईल। बॉलीवुड में आपन पहिला फिलिम से लाइमलाइट में आइल ई अभिनेत्री बॉलीवुड में बहुते सितारन के साथे काम कइले रहली आ फिलिम देले रहली. जिया खान अमिताभ बच्चन के फिल्म में महज 19 साल के उमिर में आपन शुरुआत कइली. ‘निशब्द’ में बिग बी के साथे डेब्यू करे से पहिले जियाह के सोलह बरीस के उमिर में फिल्म ‘तुमसा नहीं देखा’ में काम करे के मौका मिलल.

कम उमिर में दुनिया से अलविदा कs दिहलस

फिलिमन में काम कs के जिया खान अपना बेहतरीन अभिनय से लोग के दिल में जगह बना लिहले बाड़ी. आज अभिनेत्री जिया खान के पुण्यतिथि हs। जिया कम उमिर में एह दुनिया से विदाई देले रहली। हैरानी के बात इs रहे कि अभिनेत्री के मौत के बाद पुलिस 6 पन्ना के सुसाइड नोट बरामद कs लेले रहे। बता दीं कि अभिनेत्री जिया खान के असली नाम नफीसा खान रहे। जिया बॉलीवुड अभिनेता अक्षय कुमार के फिल्म ‘हाउसफुल’ में भी देखाई देले रहले। अमिताभ बच्चन से लेके आमिर खान ले के कई सितारन के साथे शानदार काम कइले रहली।

पिछला 10 साल से न्याय ना मिलल

जिया के मउत के बाद उनुकर महतारी राबिया खान अभिनेता सूरज पंचोली पs गंभीर आरोप लगवली कि उs उनुका बेटी के आत्महत्या करे खातीर उकसवले बाड़े। राबिया खान पछिला 10 साल से अपना बेटी के न्याय पावे खातीर लड़त बाड़ी।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.