[the_ad_group id="30365"]

Jharkhand Polytechnic Exam : झारखंड पॉलिटेक्निक परीक्षा के तारीख बदलल, आवेदन के आखिरी तारीखो बढ़ल, जानीं पूरा शेड्यूल

UPPSC RO/ARO Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धनबाद। झारखंड पॉलिटेक्निक प्रवेश परीक्षा के तइयारी कs रहल छात्रन खातिर एगो जरूरी खबर बा। झारखंड संयुक्त प्रवेश प्रतियोगिता परीक्षा परिषद (JCECEB) पॉलिटेक्निक प्रवेश प्रतियोगिता परीक्षा के तारीख में बदलाव कइले बा।

परिषद के जारी नया अधिसूचना के मोताबिक अब झारखंड पॉलिटेक्निक प्रवेश परीक्षा 12 जुलाई के आयोजित होई। पहिले तय कार्यक्रम में परीक्षा के तारीख अलग रहे, बाकिर छात्रन के सुविधा आ प्रशासनिक कारण से शेड्यूल में बदलाव कइल गइल बा।

ऑनलाइन आवेदन के तारीख बढ़ल

जेसीईसीईबी छात्रन के राहत देत ऑनलाइन आवेदन करे के अंतिम तारीखो बढ़ा देले बा। पहिले आवेदन जमा करे के आखिरी तारीख 17 जून रहे, जवना के अब बढ़ाके 22 जून कs दिहल गइल बा।

अब इच्छुक उम्मीदवार 22 जून तक ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया पूरा कs सकत बा लोग। परिषद छात्रन के सलाह देले बा कि आवेदन करत घरी सही जानकारी भरीं, ताकि बाद में परेसानी ना होखे।

गलती सुधाो खातिर मिली दु दिन के मवका

अगर कवनो छात्र ऑनलाइन फॉर्म भरत घरी गलती कs देत बा, तs ओकरा के सुधार करे खातिर 23 आ 24 जून के मवका दिहल जाई।

पहिले फॉर्म सुधार के तारीख 18 आ 19 जून तय रहे। अब नया शेड्यूल के हिसाब से उम्मीदवार अपना आवेदन में जरूरी बदलाव कs सकत बा लोग।

परीक्षा से चार दिन पहिले मिली एडमिट कार्ड

पॉलिटेक्निक प्रवेश परीक्षा के एडमिट कार्ड परीक्षा के चार दिन पहिले परिषद के आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कइल जाई। उम्मीदवार वेबसाइट से आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड कs सकत बा लोग।

एह जिला मुख्यालय में बनी परीक्षा केंद्र

झारखंड पॉलिटेक्निक प्रवेश परीक्षा राज्य के प्रमुख जिला मुख्यालयन में आयोजित होई। परीक्षा खातिर रांची, धनबाद, जमशेदपुर, बोकारो, दुमका, पलामू, हजारीबाग आ चाईबासा में केंद्र बनावल गइल बा।

धनबाद जिला में करीब 16 हजार से जादे छात्रन के परीक्षा में सामिल होखे के संभावना बा। नया तारीख जारी भइला के बाद उम्मीदवारन के सलाह बा कि ऊ आपन तइयारी नया शेड्यूल के हिसाब से जारी रखे लोग।

Read Also: IND vs AFG ODI : ईशान के मिल सकेला कोहली वाला जिम्मेदारी, जायसवाल के बाहर बइठे के संभावना, प्रिंस यादव के डेब्यू तय?

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]