15 लाख रुपिया तक के मुफ्त इलाज कराई झारखंड  सरकार, विधानसभा चुनाव से पहिले चंपई सोरेन के मास्टरस्ट्रोक

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 28, 2024

मुख्यमंत्री चंपई सोरेन (Champai Soren) के निरदेस पs आयुष्मान कार्ड से वंचित मरीजन के इलाज खातिर सुरू होखे वाली नया योजना के नाम ‘अबुआ स्वास्थ्य योजना’ (Abua Swastya Yojana) होई। मुख्यमंत्री के निरदेस पs स्वास्थ्य

Share

मुख्यमंत्री चंपई सोरेन (Champai Soren) के निरदेस पs आयुष्मान कार्ड से वंचित मरीजन के इलाज खातिर सुरू होखे वाली नया योजना के नाम ‘अबुआ स्वास्थ्य योजना’ (Abua Swastya Yojana) होई। मुख्यमंत्री के निरदेस पs स्वास्थ्य विभाग एह योजना के प्रस्ताव को तइयार करे में जुट गइल बा।

एह योजना के जिम्मेदारी झारखंड आरोग्य सोसाइटी के दिहल गइल बा। एह नया योजना के तहत आयुष्मान कार्ड से वंचित मरीजन के 15 लाख रुपिया तक के मुफ्त इलाज चिह्नित अस्पतालन में होई।

का होई योजना के ड्राफ्ट?

मिलल जानकारी के मोताबिक, ई योजना आयुष्मान भारत योजना आ मुख्यमंत्री गंभीर बीमारी चिकित्सा सहायता योजना के साथ-साथ चली। हालांकि, मुख्यमंत्री गंभीर बीमारी चिकित्सा योजना में चिह्नित 21 बेमारियन के एह नया योजना में सम्मिलित कइल जाई।

विभाग कावर से जवन प्रस्ताव तइयार कइल जा रहल बा, ओकरा तहत आयुष्मान भारत भा मुख्यमंत्री गंभीर बीमारी चिकित्सा योजना के लाभुकन के ई छूट मिली कि ऊ नया योजना में शिफ्ट होखे। अबुआ स्वास्थ्य योजना के लाभ ओहि मरीजन के मिली, जेकरा लगे राशन कार्ड बा।

चंपई सोरेन अधिकारियन के देलें टास्क

बतावत चलीं कि मुख्यमंत्री एह नया योजना के लेके कइयन गो निरदेस स्वास्थ्य विभाग के पदाधिकारियन के देले बाड़ें । ऊ कहलें कि जवना मरीजन के लगे आयुष्मान कार्ड नइखे, ओकरा खातिर नया योजना जल्दिये सुरू कइल जाये के चाहीं।

ऊ सब जिलन में कैंप लगाके ओह पात्र परिवारन के आयुष्मान कार्ड बनावे खातिर निरदेस दिहल गइल बा, जेकर अभी तक कार्ड नइखे बनल।

गड़बड़ियन पs अंकुश लगावे के निरदेस

ऊ एह योजना में गड़बड़ियन पs अंकुश लगावे के लेके निरदेस देले बाड़ें। एने, स्वास्थ्य विभाग मुख्यमंत्री के निरदेसन के अनुपालन के लेके आवश्यक कार्रवाई में जुट गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.