Jharkhand Election 2024: बेटा, पतोह के बाद अब शिबू सोरेन के पोतियो चुनावी मैदान में

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

डिशोम गुरु अउरी हेमंत सोरेन के बाद उनका परिवार के तीसरी पीढ़ी चुनाव लड़े खातिर तइयार बा। जामा के विधायक रहल स्वर्गीय दुर्गा सोरेन के बेटी आ जामतारा से भाजपा के वर्तमान उम्मीदवार सीता सोरेन

Share

डिशोम गुरु अउरी हेमंत सोरेन के बाद उनका परिवार के तीसरी पीढ़ी चुनाव लड़े खातिर तइयार बा। जामा के विधायक रहल स्वर्गीय दुर्गा सोरेन के बेटी आ जामतारा से भाजपा के वर्तमान उम्मीदवार सीता सोरेन नाजिर के रसीद काट के नामांकन पत्र खरीद के सक्रिय राजनीति में आवे के एलान कइले बाड़ी।

माई, बाबूजी आ दादाजी जामा से जीत दर्ज कइले रहलें

जयश्री सोरेन के माई सीता सोरेन 2009, 2014 आ 2019 में जामा विधानसभा सीट से तीन बेर विधायक रहल बाड़ी जबकि उनकर पिता स्वर्गीय दुर्गा सोरेन 1995 आ 2000 में दू बेर विधायक रहल बाड़ी आ दादा शिबू सोरेन 1985 में एक बेर विधायक रहल बाड़ी। अबकी बेर लोकसभा चुनाव से ठीक पहिले सीता सोरेन झारखंड मुक्ति मोर्चा छोड़ के भाजपा में शामिल हो गइल रहली, तब उहो सक्रिय रूप से भाजपा में रहली।

जामा से टिकट ना मिलला के बाद निर्दलीय चुनाव लड़े के मन बना लेली

जयश्री सोरेन अपना माता-पिता के पारंपरिक सीट जामा से भाजपा के टिकट पऽ चुनाव लड़े के लगातार प्रयास करत रहली अउरी खास तौर पऽ लोकसभा चुनाव के बाद से उऽ ए विधानसभा क्षेत्र के दौरा करत रहली। अइसना में जब पार्टी अपना पुरान उम्मीदवार सुरेश मुर्मू के एहिजा आपन उम्मीदवार बनवलस तऽ उऽ निर्दलीय के रूप में चुनाव लड़े के फैसला कइले बाड़ी आ नामांकन पत्र खरीद लिहले बाड़ी। मंगर के दिने नामांकन के आखिरी दिन रहे। अइसना में मंगर के उऽ आपन नामांकन दाखिल करे के पूरा संभावना बा। उ आपन पता जयश्री सोरेन, पिता स्वर्गीय दुर्गा सोरेन, रेडक्रस के नजदीक मुराबादी मैदान, थाना लालपुर, मुराबादी रांची के रूप में लिखले बाड़ी।

जामा में सोरेन परिवार के बोलबाला बा

शिबू सोरेन विधायक-1985 चुनल गइलन

दुर्गा सोरेन विधायक चुनल गइलन – 1995 आ 2000

सीता सोरेन विधायक चुनल गइली – 2009, 2014 आ 2019

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.